भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (मंगल, 24 फरवरी 2015)

by | Feb 24, 2015 | 0 comments

(सोमार, 23 फरवरी के खबर)

छपरा न्यूज

  • मुहल्ला के समस्या सलटावे खातिर पोलियो ड्राप ना पिआवे के सहारा ले के छपरा के रौजा पोखरा बस्ती के लोग अधिकारियन के हलकान क दिहल. चार घंटा ले मान मनौवल का बाद लोग पोलियो ड्राप पिअवावे खातिर तइयार भइल.
  • एगो निजी फाइनेंस कंपनी के कर्मचारी लोन के पइसा वसूल के दाउदपुर बाजार लवटत रहे तबले पियानो पोखरा का लगे एगो मोटर साइकिल से आइल बदमाश ओकरा के धक्का मार के गिरा दिहलें आ रुपिया वाला झोरा ले के कोपा का ओर भाग गइलें. झोरा में साढ़े छह हजार रुपिया रहुवे.
  • बम चलावे के आरोपियन का घर पर दिघवारा पुलिस इस्तेहार चिपका के ओहनी के सरेंडर करे के कहले बिया. त्रिलोकचक पंचायत के कनकपुर, इस्मईला आ त्रिलोकचक गाँव में ई इश्तहार लगावल गइल बा.
  • सोनपुर के रहे वाला एगो रेल कर्मचारी घरे लवटत में सोनपुर टीसन पर उतरत घरी ट्रेन से कटा के मर गइल.

आरा न्यूज

  • कोईलवर थाना के बाघ मँझौवा गाँव में छापा मारे गइल पुलिस वालन पर गोली चलावे के मामिला में मुखिया के मरद समेत चार जने पर मुकदमा दर्ज भइल बा. दू जने के गिरफ्तार क लिहल गइल बा आ दू जने के तलाश जारी बा. घवाहिल पुलिस जवान के इलाज अस्पताल में होखत बा. ओकरा छाती आ कान्ह का बीच में गोली फँसल बा.
  • संदेश थाना के तिरकोल गाँव के तीन जने आ खुटिआरी के एगो बदमाश के पुलिस कंप्यूटर आ मोटरसाइकिल चोारावे का आरोप में गिरफ्तार क लिहले बिया. एहनी का घर से चोरावल कंप्यूटर बरामद हो गइल बा. कंप्यूटर साल 2012 में संदेश स्कूल से चोरावल गइल रहे आ ओकर खुलासा तब भइल जब एगो चोरावल मोटरसाइकिल एकनी का घर से बरामद भइल आ तफतीश में कंप्यूटर चोरी वाला मामिलो के खुलासा हो गइल.
  • भोजपुर जिला के उदवंत नगर थाना पुलिस आरा मोहनिया रोड पर अतवार के रात लूटल गइल ट्रक के बियर चौबीस घंटा का भितरे पटना जिला के बिहटा इलाका के गोखुलपुर के एगो लाइन होटल से बरामद क लिहलसि. हालांकि ट्रक छोड़ के बदमाश भाग निकले में सफल हो गइले सँ.
  • पीरो के मनैनी गाँव में एगो लईकी से दुराचार के कोशिश करे के आरोपी दू गो नवहियन के पुलिस ध ले गइल.

बलिया न्यूज

  • आजादी का 68 साल बाद बलिया जिला के गंगा पार गाँवन में बिजली के दर्शन भइल. बिहार सरकार एह गाँवन के बिजली देबे पर तइयार हो गइल त सोमार का दिने यूपी के बेसिक शिक्षा मंत्री रामगोविन्द चौधरी बटन दबा के बिजली सप्लाई के उद्घाटन कइलन. एह लोग खातिर सबले खुशी के बात बा कि बिहार से बिजली अइला का चलते बाइस घंटा बिजली मिली जबकि बलिया वालन के नसीब में अतना सप्लाई नइखे लिखल.
  • सिताबदियारा के लाला टोला में महापंचायत क के सरकार के कोशिश से नाखुश गाँव वाले अब अपने जोगाड़ लगा के घाघरा के कटान से बचावे खातिर काम करीहें. घर घर से चदा बिटोर के बाँस बल्ली लगावल जाई आ घाघरा के धार मोड़ दिहल जाई.
  • बलिया जिला के बैरिया के नगर पंचायत बनावे से पहिले अधिसूचना जारी क के लोग से आपत्ति आ सुझाव माँगल गइल बा.
  • गाजीपुर के सैदपुर कोतवाली के पौटा गाँव के एगो बगइचा का झगड़ा में सोमार के साँझ दू गो चचेरा भाईयन के मौत के घाट उतार दिहलें दोसरा फरीक के बदमाश. ई दुनू जने ओह फरीक के एकआदमी के हत्या करे के आरोपी रहले आ कुछ दिन पहिलहीं जेल से छूट के आइल रहलें. मुकदमा के तारीख पता लगा के गाजीपुर से लवटत रहुवे ई लोग जब देवकली ब्लाक मोड़ पर पहिले से घात लगा के हमलावर मौजूद रहले आ ताबड़तोड़ गोली चला के दुनू भाईयन के मार गिरवले.
  • मुगलसराय के तहसील बनावे के फैसला कइले बिया यूपी सरकार.

देश के खबर

  • हारत कांग्रेस खातिर खटत खटत थाक गइल ओकर उपाध्यक्ष राहुल गाँधी कांग्रेस से छुट्टी ले के विदेश चल गइल बाडैं थकान मेटावे खातिर. हालांकि चरचा बा कि महतारी से झगड़ के गइल बाड़न. महतारी पार्टी अध्यक्ष पद छोड़त नइखी आ बेटा अब बिना अध्यक्ष बनले राजी नइखे. राहुल चाहत बाड़न कि कांग्रेस पूरा तरह उनका काबू में आ जाव. संसद के बजट सत्र का समय एह तरह से गायब रहि के राहुल कांग्रेस के अउरी डुबावे में लागल बाड़े.
  • संसद के बजट सत्र सोमार का दिने राष्ट्रपति के अभिभाषण का संगे शुरु हो गइल. एह सत्र में सबले अधिका चरचा में रही भूमि अधिग्रहण विधेयक जवना का विरोध में देश विरोधी ताकत पूरा बेंवत लगा के लागल बाड़ी सँ. चार्टर्ड हवाई जहाज से उड़त आ के अन्ना हजारे एह आंदोलन के अगुआ बन गइल बाड़न. मध्यप्रदेश आ गुजरात के किसानन के सबले अधिका नुकसान करावे वाली मेधा पाटकरो एह आन्दोलन में शामिल बाड़ी.
  • बैंक के हड़ताल अब ना होखी. बैंक के कर्मचारियन के तनखाह साल 2012 के नवंबरे से 15 फीसदी बढ़ावे के समझौता हो गइल बा आ अब दुसरका आ चउथका शनिचर का दिने बैंक में छुट्टी रहल करी. बाकी शनिचर का दिने पूरा दिन कामकाज होखी.
  • बिहार में जंगल राज के वापसी के एलान करत अपराधी अतवार देर रात हाजीपुर में अररिया के डीएम के स्कार्पियो लूट ले गइले. ड्राइवर डीएम साहब के पत्नी के पटना जंक्शन चहुँपा के लवटत रहुवे जब असलहा देखा के ओकरा से स्कार्पियो छीन ले गइले सँ बदमाश.
  • तेलंगाना के हैदराबाद का बाहरी इलाका में एगो कारखाना में भइल विस्‍फोट का चलते दू आदमी के मौत हो गइल आ तेरह जने घवाहिल हो गइल बाड़े. कारखाना का काम से विस्फोटक एक जगहा से दोसरा जगहा ले जात में ई हादसा भइल.
  • ऊर्जा आ संसाधन संस्‍थान के महानिदेशक आर के पचौरी के दिल्‍ली के अदालत से बियफे ले गिरफ्तारी से राहत मिल गइल बा. पचौरी पर एगो महिला कर्मचारी के यौन शोषण के आरोप बा.
  • बंबई शेयर बाजार आजु बड़हन गिरावट का संगे बंद भइल. सेंसेक्स में 256 अंक के आ निफ्टी में 79 अंक के गिरावट आइल. कहल जात बा कि राष्ट्रपति के अभिभाषण से मिलल संकेत देख के ई बिकवाली शुरू भइल बा.
  • उच्‍चतम न्‍यायालय एह बात ला नाराजगी जतवले बावे कि ओकरा निर्देश का बावजूद श्रीनिवासन पिछला 8 फरवरी का दिने बीसीसीआई के बइठक के अध्यक्षता कइलन जबकि उनुका अध्यक्ष बने पर रोक लगा दिहल गइल बा. अब शुक का दिन ले उनुका बतावे के बा कि उनुका खिलाफ अदालत के अवमानना के मुकदमा काहे ना चलावल जाव.
  • दिल्ली विधानसभा के अध्यक्ष का रूप में राम निवास गोयल के आ उपाध्यक्ष खातिर वंदना कुमारी के चुनल गइल बा. सत्तर सदस्य वाली एह विधानसभा में 67गो विधायक आआपा गोल के बाड़े जवना चलते भाजपा के तीन गो विधायकन के नेता के बोले खातिर तनिको मौका ना दिहल गइल.
  • पेट्रोलियम मंत्रालय से दस्तावेज चोरी के मामिला में पुलिस सोमार का दिने एगो अउर आरोपी के गिरफ्तार क लिहलसि.

खेल के खबर

  • आई सी सी विश्‍व कप क्रिकेट में क्राइस्टचर्च का मैदान पर इंग्‍लैंड 119 रन से स्‍कॉटलैंड के हरा दिहलसि. इंगलैंड के एह विश्वकप में ई पहिलका जीत मिलल बा. मंगल का दिने वेस्‍टइंडीज के मुकाबला जिम्‍बाब्‍वे से कैनबरा में होखे वाला बा.
  • दीपिका आ अमनदीप सिंह के कइल गोल का चलते भारत के महिला हॉकी टीम अपना स्पेन दौरा के आखिरी मैच में जर्मनी के 2-1 से हरा दिहलसि.

दुनिया भर से

    बांग्लादेश में जनवरी से चलल आवत राजनीतिक संकट अबहियों बरकरार बा. सोमार का दिने चार गो अउर लाश बरामद भइल बा. कहल जात बा कि एह लोग के मौत हड़ताल करावे खातिर जबरिया बंद करावत घरी भइल बा.
  • दक्खिन अफ्रीका के एगो सोना के खदान में फंसल सगरी 486 मजदूरन के सकुशल बाहर निकाल लिहल गइल बा.
  • नाइजीरिया के पोतिस्कुम कस्बा में एगो फिदायिन औरत बम विस्फोट क के अपना साथे पाँच जने अउरिओ लोग के मार दिहलसि. एह विस्फोट से तीस जने घवाहिलो भइल बाड़े.
  • Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up