सगरी खबर भोजपुरी में (सोमार, 22 जून 2015)

by | Jun 22, 2015 | 0 comments

  • अफगानिस्तान में तालिबान आतंकवादी संसद पर हमला क दिहले आ बम फोड़त आ गोलीबारी करत घुस गइले. बाकिर सुरक्षाबल के जवान सातो आतंकवादियन के मार गिरवले. एह हमला में पाँच गो नागरिको के मौत हो गइल बा.
  • मुंबई का किनार समुद्र में डूबत एगो जहाज जिंदल कामाक्षी से भारतीय नौसेना 20 गो क्रू मेंबर्स के बचा लिहले.
  • काल्हु योग दिवस का मौका पर उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी के गैर-मौजूदगी पर बिना पूरा जानकारी कइले बीजेपी नेता राम माधव ट्वीट क के सवाल उठा दिहले. बाद में पता चलल कि उपराष्ट्रपति के नेवतले ना गइल रहुवे. बाद में राम माधव आपन ट्वीट हटा लिहलें आ अपना गलती ला माफी मांग लिहलन बाकिर सरकार के त फजीहत होइए गइल.
  • चीन आजु कैलाश-मानसरोवर यात्रा खातिर दुसरका रास्ता से भारतीय श्रद्धालुअन के पहिलका जत्था ला नाथू ला दर्रा खोल दिहलसि. पहिले वाला लिपूलेख दर्रा के अलावे ई नया आ सुविधाजनक राह बावे.
  • लगातार सातवां दिने सोमारो के देश के शेयर बाजार में तेजी के माहौल बनल रहल आ सेंसेक्स 414 अंक के बढ़त लिहलसि आ निफ्टी 128 अंक के. मानसून के सहज आ बढ़िया बढ़ाव के एह बढ़ती के कारण बतावल जात बा.
  • जम्‍मू कश्‍मीर में कुलगाम जिला के एगो मकान में लुकाइल हिजबुल मुजाहिददीन के दू गो आतंकवादियन के मार गिरावल गइल बा. 14 घंटा ले चलल मुठभेड़ का बाद मकान के बम से उड़ा दीहल गइल आ दुनू आतंकी ओही में दबा के मर गइले.
  • नई दिल्‍ली के जंतर मंतर पर सैनिक रहल लोग के लगातार सिलसिलेवार भूख हड़ताल के 8 दिन हो गइल आजु. रोजे एगो नया समूह भूख हड़ताल पर बइठत बा आ जबले एक रैँक एक पेंशन देबे के एलान ना हो जाई तब ले एह सिलसिला के चालू राखे के बात कहल जात बा.
  • बांगला देश साथे तीन गो एकदिना के सीरीज खेले गइल भारत के क्रिकेट टीम अपना धुरंधर कप्तान महेन्द्र सिंह के कप्तानी का बावजूद लगातार दुनू एकदिना हार के सीरीज गँवा दिहलसि आ अब बंगला देश तिसरको मैच जीत के व्हाइटवाश करे का फिराक में लाग गइल बा. एह हार पर रो पड़ल धोनी कहलन कि अगर उनुका से कप्तानी छोड़े के कहल जाव त ऊ छोड़ दीहें आ महज खिलाड़ी बन के खेले ला तइयार बाड़े. बतावल जात बा कि टीम में कलह एह घरी अपना चरम पर बा.
  • 20 जुलाई से जिम्बाब्वे दौरा शुरू होखे वाला रहुवे भारती क्रिकेट टीम के बाकिर अब टीम के थाकल बतावत दौरा रद्द कर दीहल गइल बा.
  • यूपी के मेडिकल काॅलेजन में दाखिला खातिर अभ्यर्थियन के काउंसलिंग के काम आजु सोमार का दिन से शुरु हो गइल. काउंसलिंग लखनऊ के संजय गांधी आयुर्विज्ञान संस्थान, कानपुर के गणेश शंकर विद्यार्थी मेडिकल कॉलेज, इलाहाबाद के मोती लाल नेहरू मेडिकल कॉलेज आ मेरठ के लाला लाजपत राय मेमोरियल मेडिकल कॉलेज में आनलाइल करावल जात बा. शुरु में सर्वर में कुछ दिक्कत आइल रहुवे जवन बाद में ठीक हो गइल.
  • आजुए से यूपी के राजस्व विभाग में लेखपालन के 13650 गो पद पर बहाली खातिर ऑनलाइन आवेदनो के शुरूआत भइल बा जवन 22 जुलाई ले चली. आवेदन शुल्क जमा करे के आखिरी तारीख 21 जुलाई राखल गइल बा. बाकी लोग ला 300 रुपिया फीस राखल गइल बा जबकि एससी एसटी खातिर 150 रुपिया. आवेदन करत घरी तीन जगहा के विकल्प देब के होखी जहाँ सेंटर मिले.
  • बिहार विधानसभा चुनाव में राजद आ जदयू के गठबन्हन का तरफ से नीतीश के नेता मानल गइल बा बाकिर राजग गउबन्हन में सभे अपना के नेता बनवावे जतावे मे लागल बा. राष्ट्रीय लोक समता पार्टी के कहना बा कि उपेन्द्र कुशवाहा के मुख्यमंत्री के रूप में परोसल जाव त भाजपा के सीपी ठाकुर अपने के मुख्यमंत्री के दावेदार बतावत दावा परोस दिहले बाड़न. कुशवाहा के पार्टी के कहना बा कि पिछला बेर भाजपा 102 सीट पर लोजपा 74 सीट पर लड़ल रहुवे. अबकियो ई लोग ओतने सीट से लड़े आ बाकी के 67 सीट उनुका गोल के दे दीहल जाव. एही बीच भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह ने बिहार भाजपा के विधानसभा चुनाव में दू तिहाई सीट जीते के निशान दिहले बाड़न.
  • सुप्रीम कोर्ट ले मामिला चहुँप गइला का बाद यूपी सरकार शाहजहांपुर के जरा के मुआवल पत्रकार जगेंद्र सिंह के बेटा के सरकारी नौकरी देबे आ तीस लाख रुपिया मुआवजा में देबे के एलान कइले बिया. साथही उनकर कब्जावल जमीनो वापिस करावे के भरोसा दिहले बाड़न मुख्यमंत्री अखिलेश यादव.
  • बलिया जिला के उरदैना गाँव के एगो पन्द्रह बरीस के लड़िकी के लाश रसड़ा के गोपालपुर गांव का नाला का नियरा अतवार का दिने मिलल बा.
  • बलिया जिला के चितबड़ागांव के बरैया का पोखरा में नहाए गइल दू गो लड़िकन के मौत अतवार का दिन नहात घरी हो गइल.
  • बलिए के नरहीं सोहांव गांव का नियरा शनिचर रात ट्रैक्टर आ कमांडर जीप के टक्कर का बाद फेफना से बक्सर जात कमांडर जीप पर सवार एगो आदमी के मौत ठाँवे पर हो गइल आ दू जने गंभीराहे घवाहिल गो गइलन.
  • गोरखपुर के कैंट आ चौरीचौरा इलाका के दू जगहा भइल हादसा में दू आदमी के मौत हो गइल. एक आदमी स्टेशन रोड के एगो दुकान का सोझा खड़ा रहलन कि अचके में बगल में खड़ा जीप के खलासी गाड़ी चला दिहलसि आ ओकरा धक्का से ओह आदमी के मौत हो गइल.
  • गोरखेपुर के पिपराइच इलाका के गौरा गाँव के एक आदमी के ओकरे भाई भतीजा खेत के मेड़ काटे का झगड़ा में पीट पीत के जान ले लिहले सं.
  • जौनपुर के रेहटी गाँव का लगे भइल सड़क हादसा में एगो ट्रक से लागल धक्का से मोटरसाइकिल पर पीछे बइठल एगो औरत के मौत हो गइल आ चलावे वाला बहुते घवाहिल हो गइल.
  • मऊ के निजी स्कूलन के सोमार से खोले के योजना रहुवे बाकिर जिलाधिकारी एकरा के कड़ाई से रोक दिहले बाड़न. कहलन कि 1 जुलाई से पहिले कवनो शिक्षण संस्थान ना खोलल जा सके.
  • मऊ के सरायलखंसी ‎इलाका के इमिलियाडीह में अतवार का भोरे बिजली के पोल पर चढ़के तार ठीक करे का फेर में एगो नवही के करंट लाग गइल आ गिर के ओहिजे ओकर मौत हो गइल.
  • गरमी के छुट्टियन का बाद वाराणसी के स्कूल आज सोमार 22 जुलाई से खुल गइली सँ.
  • मैट्रिक परीक्षा में कम नंबर अइला का दुखे सारण जिला के नया गांव के सरपंच के बेटी शनिचर के देर रात जान दे दिहलसि.
  • सारण जिला के गड़खा बाजार के पाँच बरीस के एगो लड़िका के ओकरे पट्टीदार जहर खिआ के मुआ दिहले. जहर खिअवला से बेहोश पड़ल लड़िका के सदर अस्पताल में इलाज का बावजूद मौत हो गइल.
  • गोपालगंज जिला के हथुआ इलाका के रेपुरा गांव में चार बरीस के एगो बच्ची से ओकर चाचा लागे वाला एगो आदमी दुराचार क के भाग गइल. ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • सिवान जिला के दरौली में अपना महतारी का साथे सूतल एगो लड़िकी के कुछ बदमाश उठा ले गइले आ ओकरा से दुराचार कइला का बाद बेहोश हालत में छोड़ के भाग गइले. सबेरे ओकरा के देख के उठा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा आ चार जने का खिलाफ मुकदमा लिखल गइल बा. कवनो आदमी के नाम के पता नइखे.
  • पश्चिमी चंपारण के धनहां इलाका में यूपी के कर्महवा गांव के एगो आदमी भैस चरावत घरी बिदक गइल आ ओकरा के धरे का फेर में उ बांसी नदी में जा गिरल जहाँ ओकर मौत हो गइल.
  • मोतिहारी के चकिया इलाका के बैसाहा गांव का लगे बस का धक्का से मोटरसाइकिल सवार एगो अमीन के मौत ठाँवे पर हो गइल. ऊ कुअवां पंचायत के धंधही गांव के रहलन.
  • उत्‍तर प्रदेश सबऑर्डिनेट सर्विस सेलेक्‍शन कमीशन एके संगे 3587 पद पर पंचायत अधिकारियन के बहाली खातिर आवेदन मंगवले बावे जवना के 8 जुलाई ले दीहल जा सकी. बहाली खातिर चुनल जाए के फैसला महज “इंटरव्यू” ले के कइल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up