सचिन खातिर फेरु उठी भारत रत्न के मांग

by | Oct 11, 2013 | 0 comments

अब जब क्रिकेट के भगवान सचिन तेदुलकर अपना सन्यास के एलान कर दिहले बाड़न त उनुका के देश के माथ नागरिक सम्मान “भारत रत्न” देबे के माँग फेरू तेज हो जाई.
आजु ले भारत रत्न कवनो खिलाड़ी के नइखे दीहल गइल. पिछला दिने एकरा नियम में संशोधन क के खेल के एगो वर्ग बना दीहल गइल आ खिलाड़ियनो के भारत रत्न देबे के राह खोल दीहल गइल. आ ई सगरी कवायद सचिने के सम्मान करे खातिर भइल. बाकिर दिलचस्प ई बा कि जेकरा ला सगरी कवायद भइल आजु ले ओकरा के ई सम्मान मिलल ना. स्वाभाविक बा कि उनका के भारत रत्न से सम्मानित करे के माँग फेर जोर पकड़ी.
सला 2011 मे जब सचिन के भारत रत्न से सम्मानित करे के आवाज उठावल गइल रहे त एकर भरपाई करे ला सचिन के राज्यसभा सदस्य बना दीहल गइल.
सबले बड़का सवाल सरकार का सोझा ई बा कि पहिला बेर कवना खिलाड़ी के भारत रत्न दीहल जाव. सबले पहिला हक वइसे हाकी के जादूगर मेजर ध्यानचंद के होखे के चाहीं ना कि क्रिकेट के भगवान सचिन के.
(वार्ता)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up