टटका खबर, 25 मार्च 2017, शनिचर

by | Mar 25, 2017 | 0 comments


मुख्यमंत्री बनला का बाद आजु योगी आदित्यनाथ पहिला बेर गोरखपुर के यात्रा पर आइल बानी. पूरा गोरखपुर उनुका स्वागत में लागल बा. योगी अदित्यनाथ आजु गोरखनाथ मंदिर में रात्रि विश्राम करब आ काल्हु मंदिरे में होखे जा रहल यागीराज गंभीरनाथ के शताब्दी पुण्यतिथि समारोह में शामिल होखब. आ साँझ बेरा लखनऊ लवटि जाएब.

30 सितम्बर से पहुले सपा गोल आपन अध्यक्ष चुने के काम कर लेबे के एलान कइले बावे. अखिलेश यादव एकर एलान करत कहलन कि 15 अप्रेल से दू महीना ले सदस्यता अभियान चलावल जाई.

बिहार में अप्रेल महीना से बिजली दर में बढ़ोतरी का खिलाफ आजु विवधानसभा में भाजपा समेत विपक्षी गोल आपन विरोध दर्ज करवलसि. भाजपा के कहना बा कि एह बढ़ोतरी के वापस लीहल जाय आ ट्रांसमिशन में होखे वाला नुकसान के कम क के आपन क्षमता बढ़ावे बिजली विभाग. सरकार का तरफ से बिजली मंत्री के कहना रहल कि जवना दर के एलान भइल बा ओहमें सबसिडी शामिल नइखे. सरकार चाहत बिया कि सबसिडी बिजली कंपनियन के ना दे के सीधे उपभोक्ता के दीहल जाव.

सारण जिला के जनता बाजार इलाका में आजु पुलिस छापामारी क के दू गो शराब तस्करन के 12 सौ बोतल विदेशी शराब का साथे गिरफ्तार क लिहलसि. नवादा, सुपौल आ जमुईओ में छापेमारी क के ढेरे शराब बरामद कइल गइल बा. कुल मिला के दस गो तस्करन के गिरफ्तारी भइल बा.

एगो सोना व्यापारी के हत्या का खिलाफ आजु भोजपुर में व्यवसायी लोग बन्दी क के आपन विरोध जतावल.

यूपी में नाजायज बूचड़खाना का खिलाफ होखत कार्रवाई का खिलाफ गोश्त व्यापारी काल्हु से बेमियादी हड़ताल के एलान कइले बाड़ें. एह बीच गैरकानूनी रुप से चलावल जात बूचड़खाना का खिलाफ कार्रवाई आजुओ जारी रहल. अमरोहा के हसनपुर इलाका के एगो गाँव में छापा मार के एगो बूचड़खाना से गाय के खाल, गोड़ वगारह मिलला का बाद एगो कसाई के गिरफ्तार क लीहल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up