उत्तर प्रदेश के खबर

by | Dec 29, 2011 | 0 comments

(बुध, 28 दिसंबर)

  • मायावती अपना दू गो अउरी मंत्रियन, गैर परम्परागत ऊर्जा राज्य मंत्री अकबर हुसैन आ विज्ञान प्रौद्योगिकी राज्य मंत्री यशपाल सिंह के, बर्खास्त कर दिहली.
  • लखनऊ में आजु राजनीतिक दल के नुमाइन्दन के मुख्य चुनाव अधिकारी उमेश सिन्हा चुनाव के नियम कायदा के जानकारी दिहले. मान्यता मिलल हर पार्टी अपना दल के चालीस आदमी के स्टार प्रचारक के दर्जा दे सकेला. एह लोग के यात्रा विवरण आ हेलीकाप्टर आ हवाई जहाज के विवरण देबे के पड़ी. बतावे के पड़ी कि कवना इलाका में कतना उड़ान भरल गइल आ ओह पर कतना लोग सवार रहे. चुनाव भइला का पन्द्रह दिन का भीतर अपना खरचा के विवरण आ मिलल चंदा के विवरण जमा करे के पड़ी. परचा दाखिल करे से एक दिन पहिले हर उम्मीदवार अपना चुनाव एजेंट का साथे संयुक्त खाता खोली जवना में बीस हजार भा अधिका के राशि चेक का मार्फत जमा करावल जाई. सगरी खर्चा एही खाता से करे के पड़ी. कवनो आदमी कवनो उम्मीदवार के खरचा के विवरण एक रूपिया के फीस दे के ले सकेला. अगर कवनो प्रत्याशी पेड न्यूज छपवावत बा त ऊ सजा के भागी बन जाई.
  • पीस पार्टी, इण्डियन जस्टिस पार्टी आ अपना दल जइसन बीस गो छोटहन पार्टी मिल के इत्तेहाद फ्रंट बनवले बाड़न.
  • बोर्ड के दावा बा कि परीक्षा देर से शुरू होखला का बावजूद रिजल्ट समय पर निकाल दिहल जाई. सगरी बोर्ड परीक्षा अब सोलह मार्च से शुरू होखी.
  • दिन में घाम निकलला का बावजूद ठंड का गलन में कवनो कमी नइखे आइल. कुछ जगहा अबहियो घन कोहरा पड़त बा जवना से यातायात बाधित होखत बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up