कहे खातिर सभे केहू आपन, आपन कहाए वाला के बा

by | Oct 6, 2016 | 0 comments

akhilesh-yadav
मुलायम सिंह यादव के पारिवारिक बाकिर समाजवादी नाम से जानल जाए वाला गोल सपा में गुटबाजी के कवनो सीमा नइखे लउकत. कहे खातिर सभे केहू आपन, आपन कहाए वाला के बा, जइसन हाल हो गइल बा सपा में अखिलेश यादव के. जवन नेता चाचा शिवपाल सिंह यादव से लड़ाई में अखिलेश का साथे लउकले ओह लोगन के सपा से निकाल बाहर क दीहलन चाचा शिवपाल सिंह यादव आ भतीजा अखिलेश यादव के मन मसोस के रह जाए पड़ल बा.

आजु फेरू एलान हो गइल कि मुख्तार अंसारी के गोल कौमी एकता दल के सपा में मिला लीहल गइल बा. शिवपाल सिंह यादव के हाथ में खेलेला मजबूर हो गइल मुलायम सिंह यादव एकरा पर आपन सहमति दे दीहले बतावल जात बाड़ें. शिवपाल सिंह यादव त इहो कहत बाड़ें कि अखिलेशो एह से सहमत बाड़ें. बाकिर सभे जानत बा कि पिछला बेर जब एह बाति के एलान भइल रहुवे त अखिलेश भड़क गइल रहलन. अब दुबारा फेरू कौमी एकता दल के सपा में मिला लेबे के एलान भइल बा बाकिर अखिलेश खुल के कुछ नइखन कहि सकत.

कहे वाला त इहो कहत बाड़ें कि बाप बेटा के मन मुटाव अतना बढ़ गइल बा कि एह नवरात में अखिलेश अलगा रहल शुरू क दीहें. अबहीं ले ऊ मुलायम सिंह के ओह आवास में उनुका साथही रहत रहलन जवन पूर्व मुख्यमंत्री होखला का चलते आवंटित भइल रहुवे. अखिलेश यादव मुलायम सिंह यादव के पहिलका मेहरारू से बेटा हउवन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up