आजमगढ़ के बरदह इलाका के सम्मोपुर गाँव के रहे वाला कांग्रेसी नेता राजनारायण सिंह के हत्या पिछला शनिचर का दिने पल्हनी ब्लाॅक का नियरा क दीहल गइल रहे. एह मामिला में उनुकर पत्नी राजनारायण के भतीजा सुनील सिंह आ एगो भाजपा नेता अंगद यादव पर हत्या करे के अछरंग लगावत थाना में शिकायत लिखवले रही.
एह केस का चलते अंगद यादव काल्हु बियफे के साँझ थाना जा के सरेडर क दिहलें बाकिर पुलिस के कहना बा कि अंगद यादव के पुलिस जाफरपुर इलाका से गिरफ्तार कइले बिया आ ऊ सरेंडर नइखन कइले.
0 Comments