चौरासी कोसी परि्क्रमा खातिर विहिप आ सरकार का बीच टक्कर

by | Aug 25, 2013 | 0 comments

यूपी सरकार हिंदू साधु संतन के निकले वाला अयोध्या के चौरासी कोसी परिक्रमा पर रोक लगा दिहलसि. एह रोक के हटावे खातिर हाईकोर्ट मे लगावल गोहारो कवनो कामे ना आइल आ कोर्ट एह रोक के हटवावे से मना कर दिहलसि. बाकिर सब कुछ का बावजूद विहिप अड़ल बिया परिक्रमा निकाले खातिर. एह चलते यूपी पुलिस अयोध्या आ परिक्रमा के रास्ता में पड़े वाला जिलन में सुरक्षा के कड़ा बंदोबस्त कइले बिया. फे बीस साल पुरान उहे माहौल बनत लागत बा जब मुलायम सिहं कहले रहन कि अयोध्या में कवनो परिंदो पर ना मार पाई. अब सभकर नजर एह बात पर टिकल बा कि अतवार का दिने का होखत बा.

वइसे आम राय इहे बा कि अपना वोट बैंक के दबाव में सपा एह परिक्रमा के निकले ना दी आ विहिप पूरा जोर लगाई कि कवनो सूरत में परिक्रमा के कार्यक्रम सफल होखे. जहाँ ले एह घटना के राजनीतिक फायदा उठावे के बात बा त विहिप अपना समर्थक समुदाय के एह सच्चाई के जता दिहलसि कि एह देश में हिंदूवन के हर कदम पर समझौता करे खातिर मजबूर होखे के पड़ी अगर लोग एकमत होके हिंदू समर्थक पार्टी के सरकार ना बनवाई. दोसरा तरफ सपो अपना मकसद में सफल लागत बिया आ पिछला दिने नाराज चलत वोट बैंक अब फेर ओकरा पीछे जुटल लउके लागल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up