जौनपुर 18 दिसम्बर (वार्ता) सरायख्वाजा इलाका के कोठवार बाजार मे बुध का दिने तीन चार लोग जमीन का झगड़अ में कोठवार बाजार के रामदुलार यादव क पीट पीट के मुआ दीहल. साठ बरीस के रामदुलार यादव ओह समय अपना नया बनल कोठरी प गार्डर आ पटियां चढवावत रहले.
बाद में जुटल भीड़ एगो मोटरसाइकिल के आग लगा दिहले जवना से हत्यारा आइल रहले स.
जाम लगवले भीड़ के पुलिस हधीक्षक हैप्पीगुप्तन भरोसा दिअवलन कि हत्यारन के जल्दिए पकड़ लीहल जाई. उप जिलाधिकारी सदर ज्ञानेन्द्र सिंह कहलन कि मृतक के किसान दुर्घटना बीमा के पांच लाख रुपिया आ पारिवारिक लाभ योजना के तीस हजार रुपिया दिआवल जाई.
0 Comments