जाति का नाँव पर ऊंच नीच के भावना आ छुआछूत समाज के कोढ ह

by | Sep 20, 2013 | 0 comments

गोरखपुर में काल्हु ब्रह्मलीन महंत दिग्विजयनाथ के सात दिना पुण्यतिथि समारोह में बोलत महन्त नारायण गिरी कहनी कि दुनिया के सबले श्रेष्ठ संस्कृति हिन्दू संस्कृति आ सामाजिक व्यवस्था में जाति के आधार पर ऊंचनीच के भावना आ छुआछूत एगो कोढ जइसन बावे. कहलन कि ब्रह्मलीन महन्त दिग्विजयनाथ एह बारे में बड़हन जनजागरण अभियान चलवले रहीं बाकिर राजनेता अपना वोट बैंक का चलते एक तरफ तुष्टीकरण के नीति अपनवले त दोसरा तरफ हिन्दू समाज में जातीय वैमनस्यता के खाई अउरी फाँफर करत चल गइले.

दिगम्बर अखाडा के महन्त सुरेशदास कहनी कि छुआछूत मिटावे आ देश बचावे के मंत्र फूंके के होखी. छुआछूत का चलते हिन्दू समाज आ राष्ट्र कमजोर होखत बा. हमनी के देश भारत में सामाजिक विषमता के विषबेल का खिलाफ भगवान बुद्ध से बाबा साहब भीमराव अम्बेडकर ले आ अब के पूज्य गोरक्षपीठाधीश्वर महंत अवेद्यनाथ जी महाराज तक के महात्मा आ संतन के बड़हन परंपरा बा.

अयोध्या से आइल सांसद रह चुकल आ महन्त डा. रामविलास वेदान्ती कहनी कि राष्ट्रीय एकता आ अखंडता खातिर सगरी हिन्दू समाज के एक करे ला गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी योगी आदित्यनाथ लागल बानी. एह से समाज के रूढिगत व्यवस्था भसावल जाई आ पूरा देश में एकही जाति होखी हिन्दू जाति.

गोरक्षपीठ के उत्तराधिकारी आ कार्यक्रम के संयोजक योगी आदित्यनाथ के कहना रहे कि हर देश के एगो राष्ट्रीय समाज होला जवन भारत में हिन्दू समाज बा. जब राष्ट्रीय समाज कमजोर होला त देशो कमजोर होला. योगी आदित्यनाथ के कहना रहे कि भारत के गुलामी आ पतन ला बाहरी आ विदेशी ताकत जतना जिम्मेदार बाड़ी स ओहसे तनिको कम जिम्मेदार हिन्दू समाज के रूढिगत व्यवस्था नइखे. देश आ हिंदू समाज से छुआछूत मेटावल बहुते जरूरी बा.
(वार्ता)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up