देवरिया 17 दिसम्बर (वार्ता) देवरिया मे पुलिस के भयावह चेहरा सामने आइल जब उ एगो गम्हीराह झँउसल आदमी के शांति भंग के अनेसा मे गिरफ्तार क के चालान कर दिहलसि. बाद में एस डी एम सदर दिनेश गुप्त ओकर नाजुक हालत देखके मुचलिका पर रिहा कर दिहलनि.
रामपुर कारखाना इलाका के बनकट गाँव के बसपा कार्यकर्ता राजकुमार भारती के भूमि विवाद गांव के लोग सें चलत बा. काल्हु साँझ के एही झगरा में गांव के जितेन्द्र सिह, रामनरेश, अभयनंदन बर्नवाल आ गू गो अउर लोग मिल के ओकरा के लाठी डंडे से पीटल आ बाद में किरासन तेल डाल के जरा दीहल. ओकरा के ओही हाल में पुलिस रातभर थाना मे रखलसु आजु दुपहरिया बाद चालान काट के एसडीएम कोर्ट भेज दिहलसि.
0 Comments