नोटबन्दी के मार से नेता परेशान

by | Dec 16, 2016 | 0 comments

यूपी चुनाव से पहिले भइल नोटबन्दी के एलान का चलते नेता लोग परेशान हो गइल बा. कुछ दिन पहुले गोरखपुर में भाजपा के खरीदल प्लॉट से 248 गो नया मोटरसाइकिलन धरइली सँ. एह मोटरसाइकिलन प बाकायदा कमल निशान के स्टीकर लागल बा. पहिले सुने में आइल कि भाजपा एह मोटरसाइकिलन से आपन प्रचार करवाई. बाकि नोटबन्दी के माहौल में अतना नगदी आइल कहाँ से ई सवाल उठे लागल त एह मोटरसाइकिलन के केहु दावेदार नइखे मिलत. भाजपा के कहना बा कि मोटरसाइकिल ओकरा जमीन पर मिलल बाकि ओकरा मालूम नइखे कि केकर आ ओहिजा काहे ध गइल. ओकर कहना बा कि हो सकेला कि मोटरसाइकिल कंपनी आपन प्रचार करवाए ला अइसन तिकड़म भिड़वले होखे. सुने में इहो मिलत बा कि भाजपा ओह जमीनो का बारे में कवनो जानकारी होखे से इन्कार करत बिया.

ओने सपा के एगो नेता 786 गो साइकिल खरीदे के कोशिश करत स्टिंग में आ गइल बाड़न. खरीददारी 500 आ 1000 के पुरनका नोट से होखे वाला रहुवे. वइसे 786 के संख्यो धेयान देबा जोग बा. 108 भा 1008 वाला संख्या के कवनो मोल नइखे एह गोल खाति. अब बात खुल गइल त इहो सौदा बीचे में लटक गइल बा.

हाथी मेरे साथी वाली बसपा का बारे में सुनात बा कि केरल से हाथी खरीदाइल बाड़ी सँ पुरनकी नोटन से आ ओह हाथियन के यूपी में घुमावल जाई.

करम फूटल कांग्रेस के. ओकर खाली हाथ नोटबन्दी का बाद सचहूं खाली हाथ हो गइल लागत बा. आ ऊ अब एही खाली हाथ देखा के आपन प्रचार करे के योजना बनवले बिया.

(नोट – एह खबर में अगर कवनो सच्चाई होखी त संजोगे से. सब सुनल सुनावल बात हई सँ.)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up