लखनऊ 19 दिसम्बर (वार्ता) भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह आ पार्टी के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी शुक का दिने वाराणसी मे बाबा विश्वनाथ के दर्शन कइला का बाद रैली के सम्बोधित करीहें.
प्रदेश भाजपा के बोलतुआ विजय बहादुर पाठक बतावत बाड़न कि नरेन्द्र मोदी स्पेशल विमान से वाराणसी अइहें आ पहिले संकट मोचन मंदिर आ ओकरा बाद बाबा विश्वनाथ के दर्शन करीहें. दू घंटा के पूजा अर्चना का बाद उपरी बेरा सवा तीन बजे से रैली के संबोधित करीहें.
विजय बहादुर पाठक दावा कइलन कि इ रैली प्रदेश के सबले बड़ रैली होखी आ अबले के सगरी रैलियन के रिकार्ड तूड़ दी. एह रैली में 14 गो लोकसभा आ 68 गो विधानसभा क्षेत्र के लोग शामिल होखीहें.
0 Comments