बलिया न्यूज (अतवार, 13 सितंबर 2015)

by | Sep 13, 2015 | 0 comments

  • यूपी के पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के सपना सपने रह गइल काहे कि इलाहाबाद हाई कोर्ट एह लोग के सहायक शिक्षक बना के सरकार के नियमित सेवा में ले आवे के फैसला के रद्द कर दिहलसि काहे कि एह लोग के बहाली सही तरीका से ना कइल गइल रहुवे. अदालत कहलसि कि सहायक शिक्षक के योग्यता राज्य सरकार ना तय कर सके. दोसरे एह लोग के अस्थायी तौर पर संविदा पर बहाल कइल गइल रहे जवना के नियमित ना कइल जा सके. अब शिक्षा मित्र लोग के सगरी उमीद सुप्रीम कोर्ट पर टिकल बा.
  • आजु यूपी में लेखपाल के बहाली खातिर इम्तिहान होखे जात बा आ जालसाज एह में सफल करावे का नाम पर दर्जनो लोग से दस दस लाख रुपिया वसूलले बाड़े. एह बात के जानकारी मिलला का बाद एसटीएफ शनिचर का दिने दू गो जालसाजन के लखनऊ आ अमरोहा से गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • शुक के रात बलिया शहर का लगे टकरसन गाँव का लगे मेन रोड पर गाँव के प्रधान के भतीजा मंटू के गोली मार के हत्या कर दीहल गइल. बतावल जात बा कि केहू फोन क के मंटू के ओहिजा बोलवले रहुवे. पुलिस अब पता लगावत बिया कि ऊ के रहुवे जे फोन कइले रहे. बाद में शायद उहे आ के बतवलसि कि मंटू अपना के गोली मार लिहले बाड़न.
  • बलिया नगर के पूर्व चेयरमैन लक्ष्मण गुप्ता का खिलाफ कार्रवाई का विरोध में बलिया अभी शान्त नइखे भइल. शनिचर का दिने सुखपुरा, नगरा आ सिकंदरपुर में बाजार बंद क के व्यापारी आपन विरोध जतवलें. ओने सपा नेता आ कैबिनेट मंत्री नारद राय के कहना बा कि भाजपाईयन का चलते शहर के माहौल बिगड़त बा. उनकर कहना रहुवे कि गोली चलावे वाला के गिरफ्तार करे से पहिले ओकर चिकित्सा होखे के चाहीं.
  • बैरिया के किडनैप व्यापारी के लोकेशन बिहार आ झारखंड में मिलल बा.. पुलिस मामिला के उद्भेदन में लागल बिया आ व्यवसायी के बरामदगी का बादे पूरा बात पता चल पाई.
  • गाजीपुर के अलावलपुर चट्टी पर कोचिंग चलावे वाला से तीन गो विद्यार्थियन के फोकट में कोचिंग करावे खातिर एगो बदमाश धमकावे खातिर कोचिंग चलावे वाला का कनपट्टी पर रिवाल्वर सटा दिहलसि. आ बाद में तीन गो हवाई फायर करत निकल गइल. बाद में कोचिंग के विद्यार्थी बवाल क दिहलन जवना के पुलिस ओह बदमाश के गिरफ्तार करे के भरोसा दे के सलटवलसि.
  • आजमगढ़ के बरदह इलाका के राजेपुर गाँव का लगे एगो खड़ा ट्रक से आ के बोलेरो टकरा गइल जवना का बाद ट्रक पर सूतल खलासी के मौत हो गइल आ बोलेरो सवार चार जने घवाहिल हो गइले.
  • वाराणसी के लक्सा इलाका में शनिचर का भोरे ईश्वर टावर में भयंकर आग लाग गइल जवना चलते गोदाम में राखल लाखो रुपिया के कपड़ा जर गइल. तीन घंटा के कोशिश का बाद आग पर काबू पा लीहल गइल. रात मे गोदाम में केहू रहे ना एहसे कवनो आदमी घवाहिलो ना भइल.
  • दिल्ली विश्वविद्यालय में विद्यार्थी परिषद के शानदार जीत के जश्न बनारसो में मानवल गइल आ काशी विद्यापीठ के विद्यार्थी खुशी में जुलसू निकाल के जश्न मनवले.
  • दिल्ली के जेएनयू छात्र संघ के चुनाव में चौदह बरीस बाद विद्यार्थी परिषद के कवनो पद पर जीत मिलल बा. कम्यूनिष्टन के गढ़ मानल जाए वाला जेएनयू के छात्र संघ में सह सचिव पद पर विद्यार्थी परिषद के सौरभ शर्मा जीतल बाड़ें. सौरभ मूल रूप से मिर्जापुर के हउवन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up