बलिया न्यूज (सोमार, 14 सितंबर 2015)

by | Sep 14, 2015 | 0 comments

  • मऊ जिला के कोपागंज में दक्खिन टोला के रैनी पुलिया का लगे एगो मोटरसाइकिल पर अपना भाई के साथे जात एगो लड़िकी के गोली मार के हत्या कर दीहल गइल. 18 बरीस के एह लड़िकी से चार साल पहिले जब ऊ महज 14 बरीस के रहुवे तीन गो बदमाश गैंग रेप कइले रहले सँ बाकिर पुलिस ओह रसूखदारन के बचावत रहल. मजबूरन ओह लड़िकी के कोर्ट के शरन लेबे के पड़ल आ दू दिन बाद कोर्ट में ओकर बयान होखे वाला रहुवे. बाकिर ओह से पहिलहीं ओकरा के गोली मार के मुआ दीहल गइल. साल 2011 में 4 जून के ओह लड़िकी के ओकरा स्कूल के प्रबंधक, स्कूल के चपरासी के लड़िका आ ओकरे गाँव के एगो अउर लड़िका स्कूल से उठा ले गइलें आ तीन दिन ले ओकरा साथे रेप कइले सँ. बाद में पुलिस एह मामिला में से संचालक आ चपरासी के बेटा के नाम हटा दिहले रहुवे.
  • शिक्षा मित्रन के सहायक अध्यापक बनावे पर इलाहाबाद हाई कोर्ट से लगावल रोक का बाद से शिक्षा मित्रन में हताशा आ खीस पनप गइल बा. काल्हु कतहीं शिक्षा मित्र हताशा में आपन जान दे दिहलें त केहू के दिल के दौरा पड़ला से मौत हो गइल. कई जगहा विरोधो प्रदर्शन भइल बा. राज्य सरकार चौकन्ना हो गइल बिया आ हालात सम्हारे में जुटल बिया.
  • लखनऊ के एमबी क्लब शिया धर्मगुरु कल्वे सादिक के घुसे ना दिहलसि काहे कि ऊ कुर्ता पाजामा पहिरले रहसु. धर्मगुरू कल्वे सादिक के एगो समारोह खातिर नेवतल गइल रहे. एह बात के जानकारी मिलला का बाद राज्यपाल क्लब से जबाब पूछले बाड़न आ ओकरा से आपन ड्रेस कोड के नियम देखावे के कहले बाड़न.
  • अतवार का दिने बलिया के समाजसेवी स्व. सर्वजीत सिंह के चउथका पुण्य तिथि पर आईएमए का तरफ से उनुका पैतृक गाँव अखार में मुफ्त चिकित्सा शिविर लगावल गइल जवना में सैकड़ो लोग आपन निदान करावे चहुँपल. एह मौका पर मुख्य चिकित्साधिकारी डा. पीके सिंह आ अनेके खासमखास लोग मौजूद रहलें
  • अतवार का दिने अचानके कैबिनेट मंत्री नारद राय आ सांसद नीरज शेखर जिला चिकित्सालय के इमरजेन्सी में आ धमकलें आ व्यवस्था में खामी देख के सीएमएस के चेतवलें. मजा के बात बा कि अस्पताल में जरूरी उपकरण बा कि ना, काम करत बा कि ना, से केहु ना देखे बाकिर उपर झाँपर के बात खातिर बयानबाजी जरूर करेलें राजनेता. मतलब बस अतने होला कि जनता बुरबक बनत रहो आ बुझो कि ओकर नेता ओकरा ला बहुते बेचैन बाड़े.
  • मिर्जापुर के पंचेगड़ा में अपना ससुरारी में आ बसल एगो आदमी अपना मेहरारू समेत शनिचर का रात में जहर खा लिहलसि. कहल जात बा कि ओकरा पर बहुते कर्जा हो गइल रहुवे आ एही परेशानी का चलते दुनू बेकत जहर खा लिहलें. बाकिर मेहरारू के जान बाच गइल बा.
  • वाराणसी में अपना बिरादरी के एगो नवही के मारपीट का मामिला में गिरफ्तारी का बाद शहर के सगरी मसानघाटन पर एक घंटा ले दाह संस्कार रोक दिहलें चौधरी समाज. बाद में केहु तरह पुलिस अधिकारी एह लोग के समझा बुझा के मामिला सम्हरलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up