बलिया न्यूज, 16 अक्टूबर 2016, अतवार

by | Oct 16, 2016 | 0 comments

bhagdad-jgd
काल्हु वाराणसी का नियरा जयगुरू देव समागम में मचल भगदड़ में मरे वालन के गिनिती 24 हो गइल बा. प्रशासन एह हादसा के जवाबदेही आयोजकन पर आ आयोजक प्रशासन पर फेंके में लागल बाड़ें. केन्द्र सरकार का तरफ से दू दू लाख त यूपी सरकार का तरफ से पाँच पाँच लाख के अनुग्रह राशि देबे के एलान भइल बा. बाकिर हजारन करोड़ के हैसियत राखे वाला जयगुरू देव संस्था का तरफ से फूटही कौड़ियो देबे के एलान नइखे भइल. मरे वाला मर गइलें अब जे बाचल बा ओह लोग से दान पुजाई लिहला पर अधिका धेयान होखी संस्था के.

चुनाव का बाद सपा के मुख्यमंत्री चुने के मुलायम सिंह यादव के एलान पर काल्हु आजमगढ़ आइल अखिलेश यादव के कहना रहल कि नेताजी अनुभवी हईं आ जवन कहत बानी तवन ठीके होई. साथ ही अपना समर्थकन के चेतइबो कइलन कि कवनो साजिश में फँसला से सावधान रही लोग. काहे कि अबकी के चुनाव खास होखे वाला बा.

बलिया के रेवती इलाका के छेड़ी गाँव के रहे वाला जंगबहादुर सिंह कोलकाता में बिजनेस करेलें आ गाँवे उनकर मेहरारू आ छोटकी बेटी रहत रहली. छोटकी के बियाहो तय क दिहले रहलन आ सोमार का दिने ओकरा के देखे आवा वाला रहलें लईका वाला. बड़की बेटी के बियाह सहतवार में भइल बा. शुक का दिने सहतवार से एगो ड्राइवर आ के छोटकी के लिया गइल कि बड़की के तबियत खराब बा. बाकिर शनिचर का दिने छोटकी के लाश गाँवे का बधार में फेंकल मिल गइल. लाश पर धारदार हथियार से वार के निशान रहुवे. पुलिस अब मामला के तहकीकात करत बिया. एह मामिला में नवरसा के मिले वाला संपतियो के लालच हो सकेला काहें कि दुनू बहिने वारिस होखे वाला रहली अपना परिवार के.

दलालन का फेर में पड़ि के अकसर लोग झोरा छाप डाक्टरन का फेर में फँस जाला आ जब मामला बिगड़ेला त आपन छाती कूटेला. बियफे का दिने अइसने एगो मेहरारू के आपरेशन बलाया क गड़वार थाना के पकड़ी में चलत एगो नर्सिंग होम में बच्च्दानी के आपरेशन का बाद केस बिगड़ गइल. झोरा छाप डाक्टर खुदे ले जा के वाराणसी के एगो अस्पताल में भरती करा दिहलसि आ लवटि के आपन सामान समेट फरार हो गइल. ओने ओह औरत के मौत वाराणसी में हो गइल. अब फरार डाक्टर पर केस दर्ज क के ओकर तलाश होखत बा.

शनिचर का दिने बलिया जिला जेल में शहीद राजकुमार बाघ के जयन्ती मनावल गइल. एह आयोजन में सपा के विधायक आ नेता लोग शामिल रहल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up