बलिया समाचार, ३ फरवरी १४

by | Feb 4, 2014 | 0 comments

  • विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई आ भोजपुरी दिशा बोध के चर्चित पत्रिका ‘पाती’ श्रीराम बिहार कालोनी में एगो काव्य संगोष्ठी आयोजित कइलसि जवना में भोजपुरी कवि आपन कविता पढ़ के सुनवले.
  • प्रदेश सरकार के कौशल विकास मिशन का तहत बलिया से पांच हजार अभ्यर्थियन के रोजगार करे जोग बनावे ला तकनीकी शिक्षा दीहल जाई, एकरा ला नाम दर्ज करावे के आखिरी तारीख 14 फरवरी तय भइल बा.
  • उत्तर प्रदेश टैक्स बार एसोसिएशन के गोहार प बलियो में वाणिज्य कर अधिवक्ता तीन दिन ले धरना दिहले आ वैट कानून के गड़बड़िअन का खिलाफ आठ सूत्री मांघ पत्र वाणिज्य कर कमिश्नर के भेजले.
  • पिछला दिने बैरिया इलाका के श्रीपालपुर में भइल दिलीप पासवान के हत्या के खुलासा करत पुलिस बतवले बिया कि दिलीप के हत्या नाजायज संबंध का चलते भइल. एह मामिला में पुलिस दू गो आरोपियन के गिरफ्तार कर लिहले बिया आ हत्या में इस्तेमाल छूरा आ कुदारी बरामद क लिहले बिया.
  • मुरली मनोहर टाउन स्नातकोत्तर महाविद्यालय के विद्यार्थी माँग कइले बाड़े कि बलिया में खुले वाला विश्वविद्यालय वीर लोरिक का नाम पर खूले. साथ ही जिला में मेडिकल कॉलेजो खोलवावे के माँग भइल बा.
  • भयंकर गलन वाला पाला से बलिया हफ्ता भर से परेशान बावे. उपर से बिजली संकट कोढ़ में खाज के काम करत बा. लोग कहत बा कि बिजली के अइसने हालत रहल त सपा सरकार यूपीमें जीते के सपना देखल छोड़ देव.
  • केन्द्रीय इस्पात मंत्री बेनी प्रसाद वर्मा कहत बाड़न कि यूपी में सात गो इस्पात कारखाना लगावल जाई. दू गो गोण्डा में लगावल जाई. एकरा अलावे रायबरेली में व्हील प्लांट आ जगदीशपुर अउर गोण्डा में पाँच पाँच सौ मेगावाट के बिजली घर लगावल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up