गोरखपुर 30 अक्टूबर (वार्ता) गोरखपुर मे जिला के विशेष न्यायाधीश शशिकान्त उपाध्याय एगो सास भानमति के उमिर कैद आ दस हजार रुपिया के जुरमाना के सजा दिहले. जुरमाना ना भरला पर छह महीना अउरी जेल में रहे के पड़ी.
जिला के पिपराइच इलाका के बडहरा गांव के रहे वाली उर्मिला देवी के बेटी प्रियंका के विआह बेचन गुप्ता से नौ जुलाई 2010 के भइल रहे आ बिआह का बादे से ओकरा के दहेज खातिर तंग करे लागल लोग. बाद में 26 मार्च 2011 के भानमति ओकरा प किरासन तेल डाल के जरा दिहली.
झउसल हालत में प्रियंका के गोरखपुर मेडिकल कालेज मे भरती करावल गइल जहाँ ओकर मौत हो गइल. मरे से पहिले प्रियंका अॡना सास ाक खिलाग बयान दिहले रहुवे. न्यायालय सास के दोषी पावत ओकरा के सजा सुनवलसि बाकिर पति के दोषमुक्त क दिहलसि.
0 Comments