बियफे का दिने अधिकारियन से बतियावत शिवपाल यादव थोड़ बहुत चोरी करे के अनुमति त दिहलन बाकिर कहलन कि डकैती मत डालसु अधिकारी. कहलन कि अगर अधिकारी आपन काम सही तरह करत बाड़न त ऊ थोड़ बहुत चोरी कर सकेलें. बाद में जब एह बयान के टीवी पर चलावल गइल त शिवपाल यादव एह बात के खंडन ना कइलन बाकिर कहलन कि ओह बइठक में मीडिया के आवे के अनुमति ना रहुवे. अगर चोरी से केहु घुस आइल रहुवे त ओकरा उनकर पूरा बात देखावल चाहत रहुवे.
0 Comments