लखनऊ 14 दिसम्बर (वार्ता) पीएसी के महानिदेशक रंजन द्विवेदी के ओह बयान के भाजपा विरोध कइले बिया जवना में उ पीएसी मे अलसंख्यकन के बहाली के बात कहले बाड़न.
भाजपा के प्रदेश प्रवक्ता डा. मनोज मिश्र आरोप लगवलन कि सरकार आ ओकर अधिकारी प्रदेश मे अपना फिरकावाराना नजरिया का चलते माहौल बिगाड़त बाड़न. कहलन कि पुलिस आ अर्धसैनिक बल के फिरकावाराना चशश्मा से देखल बंद होखे के चाहीं. प्रदेश के माहौल बिगाड़े में सरकार के अइसने नीति जिम्मेदार बावे. मजहब का आधार प पीएसी बहाली के बात संविधान विरोधी होखी.
भाजपा प्रवक्ता कहलन कि पीएसी बहाली अइसन होखे के चाहीं जे बिना भेदभाव आ पारदर्शी तरीका से होखे.
0 Comments