मुजफ्फरनगर दंगा के भेट चढ गइल विधानमंडल के पहिला दिन

by | Sep 16, 2013 | 0 comments

उत्तर प्रदेश विधानमंडल के मानसून सत्र के पहिला दिन के कार्यवाही मुजफ्फरनगर दंगा के भेट चढ गइल. दुनु सदन में विपक्षी सदस्य जमके हंगामा कइलें. एही हो हल्ला का बीच सरकार विधानसभा मे त कुछ काम निपटा लिहलसि बाकिर परिषद मे कवनो काम ना हो सकल.

संसदीय कार्यमंत्री मोहम्मद आजम खां दंगा खातिर विपक्षे के जिम्मेदार बता दिहलन.

शुरु में त पूरा विपक्ष एकमत लउकल बाकिर प्रश्न काल का बाद ओहमें बिखराव नजर आवे लागल. काहे कि तब ले कांग्रेस आ बसपा सदस्य भाजपे के कठघरा मे खडा कइल शुरु कर दिहलें.

कांग्रेस के प्रमोद तिवारी कहलन कि कांग्रेस चाहत बिया कि सदन चले आ दंगा आरोपियन के चेहरा सामने आवे. भाजपा सदस्यन का ओर इशारा करत कहलन कि दंगा इहे लोग करावल, ई लोग दंगाई ह आ उत्तर प्रदेश के गुजरात बनावे वालन के सदन से बाहर निकाल देबे के चाहीं.

प्रमोद तिवारी के हँ में हँ मिलावत संसदीय कार्यमंत्री मोहम्मद आजम खां कहलन कि भाजपा आ कुछ फासिस्ट ताकत उत्तर प्रदेश के गुजरात बनावल चाहत बाड़े, सरकार एह लोगन से कड़ाई से निपटी.

नेता विपक्ष स्वामी प्रसाद मौर्य कहलन कि पूरा प्रदेश मे दंगा का जरिए हिन्दू मुस्लिम एकता तार तार कइल जा रहल बा.

हल्ला गुल्ला का बीचे में सरकार निमेष आयोग के रिपोर्ट आ छह गो विधेयक सदन के पटल पर रखलस. बाद में सदन स्थगित कर दिहल गइल.

सदन के बइठक शुरू होखे का बेरा भाजपा सदस्य भारत माता के जय बोलत वेल में आ गइले आ जबरदस्त नारेबाजी कइले. एह लोग के कहना रहे कि हिन्दुअन पर अत्याचार बन्द होखे, एकतरफा कार्रवाई ना चली ना चली, झूठ एफआईआर वापस ल, हिन्दुअन के उत्पीडन बन्द करऽ वगैरह,

कांग्रेसी सदस्यन के नारा रहे कि बन्द करऽ खेल. सरकार हो गइल फेल, मुख्यमंत्री इस्तीफा दऽ, सपा भाजपा भाई भाई, बन्द करऽ लाशन के खेल वगैरह.
(वार्ता)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up