मोदी के दर्शन कार्यक्रम पुलिस प्रशासन ला चुनौती बनल

by | Dec 19, 2013 | 0 comments

varanasi
वाराणसी 19 दिसम्बर (वार्ता) भाजपा के प्रधानमंत्री पद के दावेदार नरेन्द्र के वाराणसी में होखे वाला रैली से पहिले बाबा विश्वनाथ आ संकटमोचन मन्दिर जाए के कार्यक्रम प्रशासन के कपरबथी बन गइल बा आ एकरा के टारे के हरसंभव कोशिश करत बावे प्रशासन.

प्रशासन के कहना बा कि वाराणसी सकेता वाला गलियन के शहर ह आ एहिजा जाम रोजमर्रा के समस्या ह. एहसे मोदी के अपना विश्वनाथ मंदिर आ संकटमोचन मन्दिर जाए के योजना पर बढ़िया से सोचे के चाहीं. प्रशासन चाहत बिया कि मोदी कवनो दोसरा दिने आ के दर्शन पूजन करसु.

बाकि अगर मोदी के कार्यक्रम में बदलाव ना भइल त प्रशासन एकर पूरा इंतजाम करवइबे करी. दुनू मंदिर का इर्द गिर्द सुरक्षा बढ़ा दीहल गइल बा.

असल में नरेन्द्र मोदी पर बेर बेर भाजपा के अयोध्या जइसन मूल मुद्दन से बचे के आरोप लगावल जात बा. पिछला दिने जम्मू कश्मीर के बारे में धारा 370 पर बहस के मांग से एह बात के अउरी हवा लाग गइल. अब एही आरोपन के हवा निकाले खातिर मोदी बाबा विश्वनाथ मदिर आ संकटमोचन मन्दिर जाए के फैसला कइले बाड़न.

विहिप हमेशा से विश्वनाथ मंदिर से सटल ज्ञानवापी मस्जिद पर दावा ठोकत आइल बावे. एह चलते विश्वनाथ मंदिर इलाका बहुते संवेदनशील बन गइल बा ओकर सुरक्षा व्यवस्था अयोध्या के रामजन्म भूमि मंदिर जइसने होखेला.

रैली वाली जगहा पर स्थानीय पुलिस के मदद ला दू गो अपर पुलिस अधीक्षक, सात गो उपाधीक्षक, 25 गो निरीक्षक, 25 गो महिला उपनिरीक्षक, 12 कम्पनी पीएसी आ एक कंपनी आरएएफ के तैनाती कइल गइल बा. साथही सुरक्षा मे बम डिस्पोजल दस्ता आ एटीएस के कमाण्डोओ तैनात रहीहें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up