वाराणसी 17 जनवरी (वार्ता) चौक इलाका मे काल्हु रात कुछ बदमाश सुडिया हुंडी गली में सीताराम ज्वेलर्स के एगो सेल्समैन हरेकृष्ण अग्रवाल के गोली मार के हत्या क दिहले जब उ अपना मालिक से बैग छीने के विरोध कइलसि.
बतावल जात बा कि रात मे दुकान बंद करत घरी बदमाश दुकान मालिक के बैग छीने लगले त सेल्समैन विरोध कइलसि. एही प ओकरा के गोली मार मालिक से बैग छीन लिहले स पैदले भाग निकलले स. सेल्समैन के ओहिजे मौत हो गइल.
एह घटना का खिलाफ आजु सर्राफा मंडी मे बंदी रहल. व्यापारी जुलूस निकलले आ सुरक्षा के माँग कइले.
0 Comments