सपा मंत्री बेलगाम हो गइल बाड़े

by | Apr 25, 2013 | 0 comments

सपा सरकार के बड़ाई जन जन ले चहुँपावे का प्रोग्राम में निकलल सपा मंत्रियन के बदजुबानी के खबर से सपा के छवि अउरी खराब होखे लागल बा. राज्य के वस्त्र उद्योग मंत्री शिव कुमार बेरिया कहलें कि पुलिसवालन के औकात नइखे कि उनुका कहला बिना बइठिओ सकस्. जिन जाने उनकर बात ना मनीहें उनकर वरदी २४ घंटा का भितरे उतरवा लिहल जाई.

दुग्ध विकास मंत्री राममूर्ति वर्मा अपना भाषण में कहलन कि छोट मोट घटना त हमेशा होत रहल बा आ होत रही चाहे केहु के सरकार आवे.

पर्यटन मंत्री ओमप्रकाश सिंह कहलें कि राज्य के कानून व्यवस्था के हालत त ठीक बा बाकिर मीडिया के दिमाग खराब हो गइल बा.

अउर त अउर, सबले बढ़िया बयान आइल बा मुलायम सिंह के भाई राजपाल यादव के जे कह बइठले कि सरकार त बढ़िया काम करत बिया बाकिर पार्टी नेतृत्व सही फैसला नइखे ले पावत जवना चलते विरोधियन के मौका मिल जात बा सरकार पर अछरंग लगावे के.

अब सपा के कहना बा कि एह मंत्रियन के बयान के जाँच करावल जाई आ दोषी मिलला पर एह लोग पर कार्रवाई कइल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up