गोण्डा 20 दिसम्बर (वार्ता) गोण्डा जिला मे सरयू आ घाघरा के संगम प पूस महीना शुरु होखते कल्पवासियन के जमघट लागल शुरु हो गइल बा.
भगवान बाराह के अवतार स्थली पसका सूकर खेत के नियरा बहत पवित्र नदी सरयू आ घाघरा के तिमुहानी घाट प दूर दूर से आइल संत, साधु अउर श्रद्धालु घासफूस के झोपडी बना के एक महीना के कल्पवास करेलें. पसका सूकरखेत उत्तर भारत के अइसन तीर्थ ह जहवाँ पूस महीना में कल्पवास करे के परम्परा ह. एह घरी लागे वाला मुख्य मेला मकर संक्रान्ति से पूस के पुरनमासी ले चली.
एह संगम तट के मेला के छोटका प्रयाग का नाम से जानल जाला. एहिजा आवे वाला भक्त गुरू नरहरिदास आश्रम आ तुलसीदास के हाथे लिखल रामचरित मानस आ उनकर चरणपादुका देखे आवेलें. एह जगह के उल्लेख रामचरित मानस के बालकाण्ड के एगो चौपाईओ मे आइल बा.
0 Comments