गोरखपुर 29 अक्टूबर (वार्ता) साहित्य अकादमी के राष्ट्रीय अध्यक्ष विश्वनाथ तिवारी हिन्दी के वरिष्ठ कथाकार आ उपन्यासकार राजेन्द्र यादव के निधन पर गहरा शोक जतवले बाड़न.
उनुका के श्रद्धांजलि देत विश्वनाथ तिवारी कहलन कि राजेन्द्र यादव के निधन से साहित्य जगत सदमा मे बा काहे कि एगो वेबाक लिखे वाला, अपना सिद्धान्त पर कायम रहे वाला आ विरोधियन के अनदेखी करत सामाजिक मूल्यन के साहित्य मे प्रतिस्थापित करे वाला अब हमनी के बीच नइखे रह गइल.
जाने जोग बा कि हंस पत्रिका के संम्पादक रहल वरिष्ठ साहित्यकार आ कहानीकार राजेन्द्र यादव के काल्हु देर रात दिल्ली मे लमहर बीमारी का बाद निधन हो गइल रहे. ऊ 84 साल के रहलन.
0 Comments