अगलगी का पहिले बचाव ना त विनाश

by | Sep 8, 2015 | 0 comments

बलिया। जनपद में एह घरी जवन आफत आईल बा कि कुछउ कहल नइखे बनत। दूगो बड़का राजनीतिक का आपस के झगड़ा के कारण जन जीवन बेहाल बा। एक सप्ताह से अइसन लागता कि कब कत्ल हो जाई अउर इ खबर अखबार में पढे के मिली। आदमी का चैन छीन गइल बा । रोज-रोज का बंद व अनशन से घबराईल आम जन का मन में इ बेचैनी बढ़ल जाता कि कब एह कर समाधान हो ई आ चैन से रहे के मिली।
बीतला दिन में नगर पालिका परिषद के भीतर जवन नंगा नाच भइल ह कि ओकरा बारे मंे कहतो शर्म लागता आगे के पीढ़ी के सामने अइसन संदेश जाई कि आवे वाला दिनन में नगर पालिका सहित कवनों राजनीतिक पद पर जाये के पहिले साधारण नागरिक जवना का आपन इज्जत प्यारी होई उ सौ -बार सोची। आपस में लातम-पैजार त सुनाते रहल ह अब बाहरी लोगन के संगे नगर पालिका के उंचा अधिकारी जवन दुव्र्यवहार के शिकार भइले अउर ओ के लेके जवनातरह के राजनीति हो रहल बा ओके देखला के बाद लागता कि राजनीति के खिलाड़ी उहे होई जेकरा दू लात मारे के अउर दू लात खाये के ताकत होखी।
एह में प्रशासनिक अधिकारीगण के रवैया पर घोर अफसोस करे के पड़ता। नगर पालिका चेयरमैन के प्रतिनिधि लक्ष्मण गुप्ता जिलाधिकारी कार्यालय में जहवां जिलाधिकारी के कार खड़ा होले ओइजा हि धरना पर बइठल रहले बाकिर उनका पासे जिलाधिकारी का आवे के फुरसत ना रहे । अतना बड़ चेयरमैन जवन जिला के नाक ह ओकर प्रतिनिधि के साथ मारपीट होखे आ जिला के जिलाधिकारी ,पुलिस अधीक्षक मौका पर ना पहुचस इ आश्चर्यजनक नइखे त का बा। प्रकाशित समाचार के अनुसार लक्ष्मण गुप्ता नामजद एफआईआर लिखवलें बाड़न बाकिर अबही तक ओकरा बारे में सामान्य जांच तक उजागर ना कइल गइल। जवना से जनता में निराशा हो रहल बा। जिला प्रशासन के उदासीनता के जनता में गलत संदेश जाता एह बारे में जनता कवनो गलतफहमी के शिकार होखे त कवनो गलत नइखे। छात्र कर्फयू के दौरान आपन व्यस्तता देखा के प्रशासन अपना जिम्मेवारी से मुंह ना मोड़ सकेला।
एह घटना में शामिल नगर के प्रसिद्ध राजनीतिक का तरफ से जनता के सामने अबही तक कवनो खुलासा ना कइल गइल जवना से उ पक्ष के बारे में जनता जानो कि उनका तरफ से का कहाता। प्रकाशित खबर के अनुसार व्यापारी नेता से फोन पर गुफतगू कइ के आवे के बाद खुलासा करे के बारे में विचार व्यक्त कइल गइल बा लेकिन कहावत बा कि ‘का बरखा जब कृषि सुखाने’जब जनपद में आग लाग जाई त ओकरा बुझावे आवे से का होई आग ना लागो अइसन प्रयास न करे के बा। जनपद के नगरपालिका व नगर पंचायतन के अध्यक्षन का एकजुटता के प्रदर्शन का बाद आग के दायरा त लउकल लेकिन जनपद के वरिष्ठ राजनीतिक का बयान आवे में देरी से शंका होखता। हमनी का तक एही भरोस पर बानी जा कि होइहे सोई जो राम रचि राखा। को करि तरक बढावही साखा।ं।

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up