छपरा न्यूज, 14 अप्रेल 2018, शनिचर के 9 खबर

दरियापुर, अमनौर, इसुआपुर, परसा, जलालपुर समेत कई जगहा भइल अगलगी के हादसन में लाखौं के फसल, घर आ संपति राख होखे के खबर बा. हरदिया चँवर के आग बुतावे में…

मढ़ौरा में महतारी का साथे दू गो बचवनो के मौत

सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के सेमलसराय गाँव में मंगल का राते खटिया पर सूतल अनिता आ ओकरा एगो बेटा आ बेटी के आग में जर के मौत हो गइल.…

उपप्रमुख हत्या के केस में चार जने के नाम आइल

पिछला बुध का दिने सारण के मढ़ौरा इलाका में मिर्जापुर निवासी उप प्रमुख सुरेश्वर दीक्षित के हत्या के अछरंग ओही गाँव के मिडिल स्कूल के हेडमास्टर आ भूरिया टोला के…

उपप्रमुख के गोली मार के हत्या

काल्हु बुध के साँझे कुछ बदमाश सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के मिर्जापुर गाँव के उपप्रमुख सुरेश्वर चौधरी के गोली मार के हत्या क दिहले सं. हत्यारा तीन गो रहलन…

मढ़ौरा रेल फैक्ट्री ला करार हो गइल

एह परियोजना में हर साल एक हजार लोको इंजन बनीहें सँ. अगिला तीन बरीस का भीतर फैक्ट्री बन जाए के उमेद बा. एह पर एक हजार करोड़ के लागत आई.…

मढ़ौरा नगर पंचायत के मुख्य पार्षद अब उर्मिला देवी

सारण जिला के मढ़ौरा नगर पंचायत के मुख्य पार्षद रहल सुनीता देवी का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव मंगल का दिने पारित हो गइल. 16 सदस्य वाला एह नगर पंचायत में उर्मिला…

छपरा से छिटपुट

झाड़ू डंडा ले के अवैध शराब के धंधा के खिलाफ प्रदर्शन दाउदपुर (सारण) दाउदपुर थाना के दुधैला गांव में बियफे का दिने अवैध शराब के धंधा पर अंकुशा लगावे के…

दवा प्रतिनिधि के गोली मार के हत्या

सारण जिला के मढौरा इलाका के गौरा बाजार मे काल्हु देर रात निपनिया सलेमपुर के दवा प्रतिनिधि शशिकांत सिंह के पहिले से घात लगवले बदमाश गोली मार दिहले सँ. घवाहिल…

मढ़ौरा के सिल्हौड़ी में एगो आदमी बिजली के करंट से मरल

सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के शिल्हौड़ी में बियफे के रात पोल पर टूट के गिरल बिजली के तार में बहत करंट के चपेटा में अइला से एगो आदमी के…

पुलिस का लापरवाही से लइका के जान गइल

सारण जिला के मढ़ौरा से शनिचर का दिने बिसमिल्ला अंसारी के सात साल के बेटा याजदान गायब हो गइल त ऊ थाना में अपहरण के केस दर्ज करावे गइलन. बाकिर…

मढ़ौरा में होली के लोक गीत परोसल आकाशवाणी के टीम

छपरा के मढ़ौरा में होखत भारत निर्माण जनसूचना अभियान के तीन दिना कार्यक्रम में शुक का साँझे भइल सांस्कृतिक कार्यक्रम में आकाशवाणी पटना के टीम आपन शानदार कार्यक्रम परोसलसि. एहमें…

Scroll Up