भोजपुरी परदा के सुपरस्टार खेसारीलाल यादव आ शुभी शर्मा आवेवाली फिलिम ‘तेरी कसम’ से जलवा बिखेरीहें. ई फिलिम दुर्गा पुजा पर पूरा बिहार में रिलीज होखे जात बिया. कालेजिया नवही का भूमिका में बाड़े खेसारी जे एगो झूठ अछरंग से अपना के कइसे छोड़ावत बाड़े अपना के आ आपन बेगुनाही साबित करत बाड़े, इहे देखावल बा एह फिलिम में. शुभी एगो टीवी पत्रकार बनल बाड़ी.
खेसारी-शुभी के जोड़ी वाली ई पहिला फिलिम ह. दुनु जने पर एक से बढ़ के एक गाना आ सीन फिलिमावल गइल बा.
‘तेरी कसम’ के प्रोमो में खेसारी लाल यादव के एक्शन लोग खूब पसंद करत बा आ फिलिम के गानी खुब देखत जात बा. निर्देशित कइले बाड़े अनिल सिनकर.
(प्रशांत निशांत, शशिकांत सिहं, रंजन सिन्हा के अलग अलग रिपोर्ट से)
sir mai bhi aapke tarah actor bnana chata haun 9162327157 help karen