Khesari_Monika-TeriKasamभोजपुरी परदा के सुपरस्टार खेसारीलाल यादव आ शुभी शर्मा आवेवाली फिलिम ‘तेरी कसम’ से जलवा बिखेरीहें. ई फिलिम दुर्गा पुजा पर पूरा बिहार में रिलीज होखे जात बिया. कालेजिया नवही का भूमिका में बाड़े खेसारी जे एगो झूठ अछरंग से अपना के कइसे छोड़ावत बाड़े अपना के आ आपन बेगुनाही साबित करत बाड़े, इहे देखावल बा एह फिलिम में. शुभी एगो टीवी पत्रकार बनल बाड़ी.
खेसारी-शुभी के जोड़ी वाली ई पहिला फिलिम ह. दुनु जने पर एक से बढ़ के एक गाना आ सीन फिलिमावल गइल बा.
‘तेरी कसम’ के प्रोमो में खेसारी लाल यादव के एक्शन लोग खूब पसंद करत बा आ फिलिम के गानी खुब देखत जात बा. निर्देशित कइले बाड़े अनिल सिनकर.


(प्रशांत निशांत, शशिकांत सिहं, रंजन सिन्हा के अलग अलग रिपोर्ट से)

Loading

One thought on “खेसारीलाल-शुभी शर्मा के ‘‘तेरी कसम’’ 11 अक्टूबर से बिहार में”

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d