झरताटे चानी के फुहार

by | Apr 12, 2012 | 0 comments

– बद्री नारायण तिवारी ‘शाण्डिल्य’

डम-डम डमरू बजावता सावनवा,
झरताटे चानी के फुहार.

ओढ़ले अकास चितकबरी चदरिया,
मांथवा पर बन्हले बा धवरी पगरिया,
झरताटे मउसम जटवा से मोतिया,
गेरू रंग कान्हवा पर भिंजली कांवरिया,
पियरी पहिरि बेंग पोखरी के भिंटवा,
मांगतारे मेंहवा के धार.
झरताटे चानी के फुहार.

गोंफिया जनेरवा के फूटऽता धनहरा,
कजरी के रगिया रोपनिया के पहरा,
डढ़ियन अमवा के झुलुहन में होड़ बाटें,
पंवरत पंखिया पर चोचवन के लहरा.
बनवा में मोरवन के फहरे पतकवा,
बरिसे रूपहला बहार.
झरताटे चानी के फुहार.

अंगना बडे़रियन से झरना के ताखा,
ओरियन से चूवता सनेहिया के हाखा,
पनिया बहारे धनि जमकल मोरिया,
थाकि-थाकि जाले, नाही रूके रे जुवारवा,
फरकत चोलिया के आड़ ले हिलोर,
जाने कबे आई डोलिया सुतार.
झरताटे चानी के फुहार.

खोंतवा में कोइलरि कागवा के बोलिया,
ठोरवा पर गुदियन के थिरकन-ढोलिया,
चातकी के सूखल नरेटिया जुड़ाइल,
कुंचियन से कवियन के उतरलि खोलिया,
फुटे लागल छने-छने कुसुमी कियरियन,
खुशबू के कुंइयन उभार.
झरताटे चानी के फुहार.

देरि ना मकइयन से छोंड़ि भरि जइहें,
जोन्हरी के बलिया से मइनी अघइहें,
पाकि जब धनवा कुवारवा के घमवा,
पीटि, धरि डेहरी, बंसुरिया बजइहें,
ढोलकी के धुन-मिलि झलिया के झंझना में,
मिटि जाई भितरा के खार.
झरताटे चानी के फुहार.


(अंजोरिया डॉटकॉम पर अगस्त 2003 में प्रकाशित रचना)


सम्पर्क: द्वारा श्री कमल नयन सिंह,
अवकाश प्राप्त कप्तान, धर्म भवन,
213, राजपूत नेवरी,बलिया-277001

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up