रहरी-रहरी चहेटा करे में रहरी-रहरी दउड़हूं के पड़ेला

by | Apr 29, 2024 | 0 comments

अंगरेजन का जमाना के संस्था होखला का चलते एहमें स्वाभाविक रुप से ईसाईयन के बहुतायत रहुवे तब आ अब ईसाईपन के. हालात अतना चिन्ताजनक रहुवे कि बरीस 2020 में इंडियन मेडिकल एसोसिएशन के अध्यक्ष बनल जे.ए. जयलाल अपना पद आ पेशा के दुरुपयोग करत मरीजन के धर्मान्तरण करावे का नीचता ले गिर गइल रहलन बाकिर मजाल जे इंडियन मेडिकल एसोसिएशन के कवनो सदस्य एकर विरोध कइले होखे. हालांकि मामिला अदालत ले चहुँपल रहल आ तब दिल्ली उच्च न्यायालय जयलाल के बरजले रहुवे कि अपना पेशा का आड़ में धर्मान्तरण मत कइल करऽ.

अदालत जयलाले के एगो साक्षात्कार में कहल बात उद्धृत करत कहलसि कि तब जयलाल के दावा रहल कि कोरोना महामारी के कोप कम करे में ईसामसीह के कृपा रहल. जयलाल के कहना रहल कि एलोपैथी आ ईसाईयत एके बात हवे आ ईसाईयन के दीहल उपहार ह एलोपैथी. अदालत तब भारतीय ऋषि सुश्रुत के सर्जरी के देवता बतावत कहले रहल कि उनुकै उपहार में मिलल सर्जरी आजु के डाक्टरी के अभिन्न अंग बन गइल बा.

बाद में जयलाल मान गइल रहले कि अब धर्मान्तरण के कवनो गतिविधि में शामिल ना होखिहन से अदालत उनुका खिलाफ कवनो फैसला ना सुनवलसि.

इंडियन मेडिकल एसोसिएशन के स्थापना अंगरेजी शासन का दौरान साल 1928 में कइल गइल रहे. तब एकर नाम रहल आल इंडिया मेडिकल एसोसिएशन जवना के साल 1930 में बदल के इंडियन मेडिकल एसोसिएशन कर दीहल गइल रहुवे. आजु एकर शाखा प्रशाखा देश के हर राज्य आ हर शहर में मौजूद बा. ई एगो गैर सरकारी संस्था ह जवना के निबंधन द सोसाइटीज एक्ट आफ इंडिया के तहत करावल गइल बा.

आम जनता डॉक्टरन के भगवान मानत रहुवे बाकिर आजु के हालात अइसन हो गइल बा कि अधिका लोग के अनुभव में डॉक्टर धंधेबाज अधिका हो गइल बाड़न आ मरीजन के दोहन के हर तरीका इस्तेमाल करेलें.

अतना बतवला का बाद अचरज ना होखे के चाहीं कि इहे इंडियन मेडिकल एसोसिएशन देश में आयुर्वेद के प्रचार-पसार में लागल बाबा रामदेव का कंपनी पातंजलि का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में मुकदमा लड़त बावे. असल में बाबा के कंपनी का चलते अनेके विदेशी कंपनियन के मन जोग मुनाफा काटे में दिक्कत होखे लागल बा. आ अइसनके कंपनियन से महँग-महँग उपहार आ विदेशी दौरा के खरच लेबे वाला डॉक्टरन के कवनो शिकायत ओह कंपनियन से ना भइल जवन चमड़ी के रंग बदल देबे का दावा करेली सँ, बुतड़ुवन के हृष्ट-पुष्ट बनावे के दावा करत आपन उत्पाद बेचेली सँ. बाकिर बाबा रामदेव से शिकायत जरुर हो गइल कि ऊ काहे दावा कइलन कि एलोपैथी से बेहतर उपचार आयुर्वेद में संभव बा.

बाबा त अजालत से माफी माँग लिहलन बाकिर उनुकर चहेटा का फेर में अदालत में गोहार लगावल अब इंडियन मेडिकल एसोसिएशने के अझूरा दिहले बा आ एकरा कपबोर्डन से स्केलटल निकलल शुरु हो गइल बा. देखे जोग रही कि आखिर में होखत का बा एलोपैथी डाक्टरन के धंधा के. अगर भोजपुरी के ई कहाउत सुनले रहीत लोग कि रहरी-रहरी चहेटा वालन के अपनहूं रहरी-रहरी दउड़े के पड़ेला.

टटका –

आजु का अखबारन में आईएमए (इंडियन मेडिकल एसोसिएशन) के मौजूदा अध्यक्ष डॉ. आर.वी. अशोकन के बयान आइल बा. अशोकन के कहना बा कि आईएमए अइसहीं बाबा रामदेव का खिलाफ अदालत में ना चल गइल. हमनी का बहुते समय से फिजूल के आरोप आ बतकही झेलत आइल बानी जा बाकिर जब बाबा रामदेव हद पार कर गइलन त उनुका के अदालत में खींचे के फैसला कइल गइल.

अशोकन के इहो कहना बा कि सुप्रीम कोर्ट आईएमए आ डॉक्टरनों के तौर तरीका के आलोचना कर दिहलसि जबकि ई ओकरा सोझा पेश मामिला के विषये ना रहल. देश के एलोपैथिक चिकित्सा पेशा का खिलाफ अइसन कड़ेर रुख अदालत के नइखे शोभत.

जान जाईं कि आजु सुप्रीम कोर्ट बाबा रामदेव का तरफ से भइल अदालत के अवमानना पर सुनवाई करे वाला बा आ डॉक्टरन के आचरण पर आगे बाद में सुनवाई होखी.

देखल जाव दोसरा के रहरी-रहरी चहेटे के कोशिश डॉक्टरन के कवना भाव में पड़त बा.

सुप्रीम कोर्ट के नजर पड़ गइल असोकन का बयान पर

बाबा रामदेव के चहेटा पर निकलल आईएमए के अध्यक्ष डॉ आर वी अशोकन के टिप्पणी सुप्रीम कोर्ट का संज्ञान में आ गइल बा. संज्ञान में ले अइलन बाबा रामदेव के वकील मुकुल रोहतगी. नाराज अदालत तब आईएमए के वकील से पूछलसि कि ई रउरा कइसे तय करब कि अदालत आपन काम कवना तरीका से करे. अब अदालत एह मामिला से अलगे से निपटे के बात कहले बिया.

केरल के कोल्लाम जिला के पुनालुर शहर में आपन अस्पताल चलाए वाला डॉ असोकन आईएमए के अध्यक्ष बाड़ें आ एह चलते उनुका लागल होखी कि देश के डॉक्टरन के अतना बड़ संगठन का खिलाफ अदालत कइसे कवनो टिप्पणी कर दिहलसि. बड़ बड़ जने जने दहाइल जासु आ गदहा थाहे कतना पानी के कहावत चरितार्थ हो गइल. अदालत त निमना-नीमन लोगन के हेकड़ी निकाल देले ई कवन जौनपुर के मुरई हउवें !

न्यायमूर्ति कोहली के पीठ अब सात मई के आईएमए के बयान वाला मामिला के सुनवाई करी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up