अब फिल्म फेयर पत्रिको में नजर अइहें मनोज तिवारी

by | Apr 30, 2012 | 1 comment

भोजपुरी सिनेमा के ऑस्कर तक ले जाए क सपना पालेवाला भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के लेके ऐतिहासिक कदम उठावत टाईम्स समूह के पत्रिका फिल्म फेयर अपना वार्षिक अंक में उनुका के जगहा दिहले बा. टाईम्स समूह के पत्रिका फिल्म फेयर के गिनिती अग्रणी फिल्म पत्रिकन में होला. अइसना में एह पत्रिका में कवनो कलाकार के नाम आइल कवनो बड़हन इनाम से कम ना मानल जाव. पत्रिका के वार्षिक अंक में पहली बार भोजपुरी फिल्मों के मेगा स्टार मनोज तिवारी के आकर्षक चित्र संग खास साक्षात्कार प्रकाशित कइल गइल बा.

फिल्म फेयर पत्रिका के मानना बा कि मनोज तिवारी भोजपुरी के सबले लोकप्रिय गायक आ अभिनेता हउवें. अपना साक्षात्कार में मनोज तिवारी मौजूदा भोजपुरी सिनेमा, राजनीतिक हालात आ अपना निजी ज़िन्दगी पर बिना लाग लपेट के बातचीत कइले बाड़न.

एह अंक में मनोज तिवारी के इंटरव्यू के अलावा, दीपिका पादुकोण, करीना कपूर, ऋतिक रोशन, बिपाशा वासु, सोनाछी सिन्हा, अनुष्का शर्मा, आ रवीना टण्डन के इण्टरव्यूओ शामिल बा. मनोज तिवारी बतावत बाड़न कि फिल्म फेयर पत्रिका में भोजपुरी सिनेमा खातिर कॉलम के शुरुआत कइल जाई. भोजपुरी सिनेमा खातिर ई आगाज बहुते खास आ खुशी के बात बा. एहसे भोजपुरी सिनेमा के नया राह मिली.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

1 Comment

  1. amritanshuom

    बहुत -बहुत बधाई मनोज जी के . भोजपुरी के माथा ऊँचा करेवाला एह हाड़-मांस के पुतला के सादर नमस्कार .
    गीतकार –
    ओ.पी.अमृतांशु
    090136609958

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up