नया बाल-गीत के कमी दूर कइली अक्षरा सिंह अपना हँसी के खजाना से

by | Apr 16, 2024 | 0 comments


भोजपुरी संगीत आ गीत-गवनई में बड़हन नाम बन चुकल वर्ल्डवाइड रिकॉर्ड्स भोजपुरी के यूट्यूब चैनल पर अक्षरा सिंह के गावल एगो गाना सुन के मन खुश हो गइल.

गाना हवे ‘हंसी के खजाना’ आ बचवन खातिर रचल एह गाना के मास्टरनी बनल अक्षरा सिंह स्कूल में गा के बचवन के सिखावत बाड़ी. फूहड़ लोग भोजपुरी में फूहड़पन के ओरहन ले के त खुब फेंकरेला बाकिर कवनो नीमन गीत जवना के सगरी परिवार का साथे सुनल जा सके भा जवना के अपना दुलरुवा बचवन के सुनावल जा सके ओकर चरचा ना करे.

हम जब ई गीत सुननी त एकरा के आजु भोजपुरी में दुनिया के पहिलका वेबसाइट, 21वां साल चलत बा अंजोरिया के, पर रउरा साथे मिल बाँटे के तय कर लिहनी. रउरा एकरा के पढ़त बानी त एकर मतलबे बा कि रउरा भोजपुरिया हईं आ भोजपुरी में कुछ पढ़े सुने एहिजा आइल बानी. अतना त रउरा करिए सकिलें कि एह पोस्ट के अपना फेसबुक, इंस्टाग्राम, ट्वीटर भा ह्वाट्सएप पर शेयर कर दीं. हो सकेला कि कुछ अउर लोग अंजोरिया का बारे में जान जाव. अगर रउऱा भोजपुरी खातिर कइल अंजोरिया के प्रयास के सहायता कइल चाहत बानी आ कुछ आर्थिक सहजोग कर सकीलें त बगल में दीहल लिंक पर भेज सकीलें.

अक्षरा सिंह पर फिल्मावल गइल एह गीत के गवले बाड़ी गायिका ममता राउत. इहो सुरसंग्राम से भोजपुरी के गीत-गवनई में एगो जानल मानल बन गइल बाड़ी.

अइसन बढ़िया गाना लिखे खातिर गीतकार फणीन्द्र राव के हजार बेर अभिवादन. भोजपुरी का खजाना में एह तरह के गीतन के बहुत जरुरत बा –
हंसी के खजाना लेके आइल बानी,
तोहनी के पसंन के सुनाईब हम कहानी.
त बच्चा लोग के के सुनी…

सबले बड़ खुशी के बाति इहो बा कि एकरा के भोजपुरी फिलिम ‘अक्षरा’ में शामिल कइल गइल बा. फिलिम अक्षरा वर्ल्डवाइड चैनल आ सबरंग फिल्म प्रोडक्शंस के परोसल ह. एकर निर्माता हउवन कुलदीप श्रीवास्तव अउर रत्नाकर कुमार, निर्देशक देव पांडेय, पटकथा लेखक राकेश त्रिपाठी, संगीतकार ओम झा, गीतकार प्यारे लाल यादव ‘कवि जी’, सभा वर्मा, फनिदर राव अउर राकेश निराला, छायाकार जगविंदर सिंह हुंदल, क्रिएटिव डायरेक्टर कन्हैया एस.विश्वकर्मा आ वीएफएक्स फरहान जादा, एक्जेक्यूटिव निर्माता राजेश सिरसात अउर अखिलेश राय हउवें. कला निर्देशन राम बाबू ठाकुर के, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी, आ एक्शन मास्टर प्रदीप खड़का हउवें.

फ़िल्म अक्षरा के कलाकारन में अक्षरा सिंह, अंशुमान मिश्रा, धानी गुप्ता, विनोद मिश्रा, अनुप अरोरा, विनीत विशाल, जे.नीलम, मटरू, बीना पांडेय, शुभकिशन शुक्ला, प्रतिभा साहू, ललित उपाध्याय, विद्या सिंह, सीपी भट्ट, संजीव मिश्रा, अखिलेश शुक्ला, संजू सोलंकी, रिंकी शुक्ला, आर.नरेंद्र, आर्यन विश्वकर्मा, कानू मुखर्जी, सोनू सनम माही, कन्हिया एस.विश्वकर्मा, सौरव चौधरी, सनाया गुप्ता, रितिका सिंह, पप्पू खान, एचआरपी बाबू, चंचल त्रिपाठी, आ सतीश यादव के नाम खास बा.

चलीँ अब गाना सुनीं त पार लागे त बताईं कि रउरा कइसन लागल –

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up