भोजपुरी सिनेमा के एगो सार्थक प्रयास हवे अचल रहे सुहाग

by | Feb 1, 2012 | 0 comments

अश्लीलता के दंश झेलत भोजपुरी फिल्म इन्डस्ट्री में पारिवारिक दर्शकन के वापिस ले आवे के सार्थक प्रयास बावे फिल्म ‘अचल रहे सुहाग’. अइसन कहना बा फिल्म के निर्देशक अभिलाष शर्मा के. नाइट विसर्ल्स के बैनर तले बनले एह फिल्म के कहानी सावित्री-सत्यवान के पौराणिक कथा से प्रेरित बावे. देखावल गइल बा कि गाँव के भोली- भाली लड़की जब शादी करके मुंबई जइसन महानगर में आवेले त ओकरा कवना तरह के माहौल के सामना करे पड़ेला. फेर एह सब से जूझत ऊ कइसे अपना पति के जिनिगी खातिर संघर्ष करेले.

एह सम्पूर्ण मनोरंजक फिल्म के निर्माता हउवे सुमित केन अउर विकास शर्मा. फिल्म में भाग्यविधाता धारावाहिक से बिंदिया के नाम से बहुचर्चित हो चुकल ऋचा सोनी केंद्रीय भूमिका में बाड़ी. एकरा अलावे स्टार विक्रांत सिंह, सुधांशु शरण, राखी त्रिपाठी , विजय खरे पुष्पा वर्मा, अशोक समर्थ आ शक्ति सिन्हा के प्रमुख भूमिका बा.

फिल्म के गीत संगीत एकर सबले मजगर पहली बा आ संगीत दिहले बाड़न युवा संगीतकार देवर्षि जबकि गीत लिखले बाड़े फणीन्द्र राव, पप्पू ओझा अउर अभिजीत मिश्रा. फिल्म के मधुर संगीत पहिलही लोगन के आकर्षित कर लिहले बा आ दर्शक अब बेसब्री फिल्म के इंतजार करत बाड़े. निर्देशक अभिलाष शर्मा के कहना बा कि ई फिल्म लोग के फेरु भोजपुरी के पुरनका जमाना याद कराई. आ औरत एह फिल्म के देखे झुंड बना के अइहें.

फिल्म अचल रहे सुहाग ३ फरवरी के बिहार आ झारखण्ड में रिलीज होखे वाला बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up