सिनेमा भोजपुरी के एक्शन स्टार विराज भट्ट आ बबली गर्ल रिंकू घोष एह घरी उत्तर प्रदेश के गोपीगंज आ भदोही में अपना नइकी फिलिम ‘ई कईसन प्रथा’ के शूटिंग में व्यस्त बाड़ें. निर्देशन करत बाड़ें निहाल सिंह.
विराज भट्ट आ रिंकू घोष के जोड़ी गोपीगंज आ भदोही के लोगन खातिर आकर्षण के केन्द्र बन गइल बाड़ें. अपना चहेता विराज भट्ट अउर रिंकू घोष के देखेला बड़हन भीड़ जुट जात बा. केहू ऑटोग्राफ लेत बा त केहु संगे फोटो निकलवावल चाहत बा.
(शशिकांत सिंह)
0 Comments