टटका खबर, शुक, वैशाख अन्हरिया एकादशी, 2078 विक्रमी

by | May 7, 2021 | 0 comments

आगे पढ़े से पहिले जान लीं कि भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम के ट्राफिक रैंक हिन्दुस्तान में आजु अबहीं 19 हजार 656 पर बा. एहमें हर भाषा के वेबसाइट शामिल बा. दुनिया में एकर रैंक 2 लाख 66 हजार 291 बा. करीब 200 करोड़ वेबसाइटन का बीच भोजपुरी वेबसाइट के एह रैंकिग से भोजपुरियन में उछाह आवे के चाहीं आ एकरा के हर तरह से आपन सहजोग देबे के चाहीं.

पश्चिम बंगाल के राज्यपाल बियफे के कहलें कि गृह सचिव के कहना बा कि मुख्यमंत्री का तरफ से मनाही बा कि राज्य के कानून व्यवस्था का बारे में कवनो रिपोर्ट राज्यपाल के देबे से. एहसे लागत बा कि राज्य सरकार संवैधानिक प्रावधानन का हिसाब से नइखे चलत. राज्य के अधिकारियन के राजनीतिकरण हो गइल बा आ ऊ लोग गोल के कार्यकर्तन का तरह काम करत बाड़ें. अँगरेजी अखबार हिन्दुस्तान टाइम्स के पत्रकार से बतियावत में ऊ ई बात कहलन. कहलन कि राज्य प्रशासन कुछ करत नइखे लउकत.

ओने मुख्यमंत्री ममता बनर्जी चुनाव बाद हिंसा में मराइल सोलह लोग के परिवार के दू दू लाख रुपिया के मुआवजा के एलान कइले बाड़ी. उनुकर कहना बा कि ई लोग तब मराइल जब राज्य के कानून व्यवस्था चुनाव आयोग का हाथ में रहुवे. अब कानून व्यवस्था उनुका हाथ में आइल बा. कहली कि अब केन्द्रीय मंत्रियनो के राज्य में आवे से पहिले कोरोना रिपोर्ट देबे के पड़ी. विशेषो विमान से आवे वाला लोगो पर ई आदेश लागू होखी. पुलिस अब ओह लोग का खिलाफ मुकदमा लिखल शुरु कर दिहले बिया जे लोग हिंसा के खबर पसारे में लागल बा. जबरा मारबो करी आ रोवहूं ना दी.

स्वास्थ्य खराब होखे का बहाने अदालत से जमानत पर छूटला का बाद करोड़ों के चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद अब खुलमखुला राजनीति कइल शुरु कर दिहले बाड़न. सीबीआई एह चलते अदालत से गोहार लगा सकेले कि लालू प्रसाद के जमानत पर फेर से सोचल जाव. आखिर ई कइसन खराब स्वास्थ्य रहुवे कि जमानत मिलला का बाद ऊ अस्पताल से बाहर आ गइलें आ अब राजनीति करत बाड़न.
राजद प्रवक्ता बतवले बाड़न कि अतवार का दुपहरिया में लालू प्रसाद राजद के 75 गो विधायकन का साथे वर्चुअल मीटिंग करीहें. ओने बिहार के मुख्यमंत्री रहल जीतनराम मांझी कहत बाड़ें कि लोग जान गइल बा कि लालू खराब समय में अपना समर्थकन के साथ छोड़ देलें. उनुका ला आपन पूरा जिनिगी कुरबान कर देबे वाला शहाबुद्दीन का साथे उनुकर बेवहार ई असलियत सामने ले आ दिहले बा. कहलन कि लोग देख लीहल की लालू खानदान शहाबूद्दीन के जनाजा में शामिल ना भइल.

सुप्रीम कोर्ट के मालूम हो गइल बा कि कोरोना के एह दुसरका कहर का बादो तिसरका कहर आवे वाला बा आ महामहिम लोग सरकार से ओह लहर से निपटो के तइयारी अबहिएं से करे के कहले बा. कहले बाड़ें कि तिसरका कहर अउरी खतरनाक होखी आ ओहमें बचवनो के छूताह होखे के अनेसा बा. एहसे बचवनो के टीका लगवावे के सोचल जाय.

कोरोना के दुसरकी कहर का चलते यात्रियन के संख्या में गिरावट देखत 9 मई से कई रेलगाड़ियन के परिचालन रोक दीहल जाई. एहमें राजधानी, शताब्दी, अउर दुरंतों एक्सप्रेस जइसन 28 गो ट्रेन शामिल बाड़ी सँ.

सारण जिला के अमनौर इलाका के जगदेव सिरसियां गांव के एगो आदमी टूट के खेत में गिरल बिजली के तार से छुअइला का चलते करंट लगला से मर गइल आ उनुका के बटावे का फेर में दू जने झउँस गइलें.

कुशीनगर जिला पुलिस कसयां इलाका में पडरौना टीसन का लगे से तीन गो चोरन के चोरी के गहना आ रुपिया का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि. ओहनी का लगे से आधा किलो से अधिका सोना के गहना आ करीब साढ़े आठ लाख रुपिया नगदी मिलल बा.

गोपालगंज जिला के अलग-अलग इलाका में बियफे का दिने कुल मिला के आठ गो अपराधियन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.

कौशाम्बी ज़िला के कोखराज इलाका के शजादपुर गाँव के एगो आदमी मछरी मारत घरी गंगा नदी में डूब गइल. लाश के खोजल जा रहल बा.

रोहतास जिला के नोखा इलाका के गम्हरिया गाँव के एगो आदमी के खरिहान से डेढ़ क्विंटल से अधिका गाँजा बरामद भइला का बाद बियफे का दिने पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कर लिहलसि.

पलामू जिला के छतरपुर इलाका के एगो पेट्रोल पंप का नियरा गाछ पर लटकल कुमियाई गाँव के एगो नवही के लाश बरामद भइल बा.

सारण जिला के तरैया इलाका के टीकमपुर गाँव के एगो आदमी सबेर बेरा इनार में गिर के मर गइल. बतावल जात बा कि ऊ अधबउक रहुवे.

बियफे का दिने वायदा बाजार के साप्ताहिक बंदी का दिने शेयर बाजार लिवालन का हाथे रहल. सेंसेक्स 272 अंक आ निफ्टी 107 अंक चढ़ के बंद भइल. दुनिया के बाजार से मिलत संकेत बतावत बा कि आजुवो बढ़त बनल रहे के उमेद बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up