‘भोजपुरी पंचायत’ के वार्षिक सम्मान समारोह ’सबरंग’ 17 अगस्त के

by | Aug 12, 2013 | 1 comment

sabrang13दिल्ली, उत्तर प्रदेश, बिहार आ भोजपुरी भाशा-साहित्य पर गोलियाइल राष्ट्रीय मासिक पत्रिका ‘भोजपुरी पंचायत’ के सालाना महोत्सव 17 अगस्त 2013, शनिचर का दिने साँझ साढ़े चार बजे से दिल्ली के रफी मार्ग पर मौजूद “कंस्टीच्यूशनल क्लब” में होखे वाला बा. एह समारोह में अनेके काम मे लागल नामचीन हस्ती शामिल होखीहें. समारोह के मुख्य उद्देश्य भोजपुरी कला-संस्कृति, साहित्य, सामाजिक आ राजनीतिक का साथही अलग-अलग काम में उत्तर भारत के प्रतिनिधित्व करे वाला आ भोजपुरी इलाका के गौरवान्वित करे वाला लोगन के सम्मानित करे के बा.

एह समारोह के खास आ जरूरी पहलू बा महिला सम्मान, महिला सुरक्षा, मानवीय नैतिकता का बारे में समाज में अलख जगावे पर सलाह-विचार कइल. एकरे एगो कड़ी का रूप में, देश में समाज सुधार के आंदोलन में तेजी ले आवे खातिर पिछला 16 दिसंबर 2012 के दिल्ली का एगो चलत बस में भइल अनैतिक अत्याचार के भुक्तभोगी भारत के बेटी दामिनी के सम्मानित करे खातिर उनकर पिता एह समारोह में शामिल होखीहें आ उनको के सम्मानित कइल जाई. एह कार्यक्रम से संदेश देबे के कोशिश कइल जाई कि देश में महिला वर्ग के बढ़िया से सुरक्षित आ सम्मानित राखल जाव.

एह समारोह में केन्द्रीय गृह राज्यमंत्री आरपीएन सिंह, मुख्य अतिथि रहीहें, संसद सदस्य (लोकसभा) महाबल मिश्रा अध्यक्षता करीहें आ गायक अभिनेता मनोज तिवारी आ भोजपुरी लोक गायक भरत शर्मा खासमखास अतिथि होखीहें, अउर भोजपुरी पंचायत के संरक्षक डॉ. संजय सिन्हा स्वागताध्यक्ष रहीहें.

भोजपुरी पंचायत पत्रिका के संपादक रउरा सभे के सादर आमंत्रित कइले बाड़न.


(भोजपुरी पंचायत)

Loading

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    बहुत -बहुत स्वागत बा वार्षिक सम्मान समारोह ’सबरंग’ के .

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up