दोहावली

by | Jul 22, 2010 | 2 comments

Moti B.A.

– (स्व॰) मोती बी॰ए॰

मों तो मोती बावरा यद्यपि हों जलजात
सीपी में सागर तिरे, सीप न सिन्धु समात.

स्वाति बून पाके मगन, गहिरे गहिरे पइठ
मोती ले के गोद में, गइल अतल में बइठ.

गोताखोर सराहिये साहस विकट कराल
पइठ सिंधु के पेट से मोती लियो निकाल.

नीमन बात कहा गइल, ओही के दोहराउ
रे कउआ नीमन बदे, खेत खेत मत जाउ.

कागभुसुण्डी नाँव पर कउवा नाहिं पुजाय
कड़े कड़े ढेलवाँसि से सदा भगावल जाय.

घूमत फिरे सरेह में चरत दुधारु गाइ
बछरू हो भा साँप हो, देले दूध पियाइ.

जानेलऽ कब के तरे देश भइल आजाद
सत्य अहिंसा प्रेम जब होइ गइल बरबाद.

दूध दूध का बके रे, दूध गइल परदेस
बिन डालर कइसे चली अतना भारी देस.

पानी दूध मेराई के रोगिन देहु पियाय
लड़िका साढ़ी के हठे अँगुरी देहु चटाय.

गान्ही जी अइले इहाँ, अपने भारत देस
जहवाँ मूअल जियल ह, तहवाँ कवन कलेस.

गली गली घूमें जहाँ लम्पट कामी चोर
तमसो माँ ज्योतिर्गमय चोकरत फिरे अँजोर.

भाखा सतमेरवन भलो भाव विचार विहीन
दोहा पानी दे कहे, जल के बाहर मीन.

बाउर सब आसक्ति ह, नीमन हउवे शक्ति
बाउर संगति छोड़ि के करीं शक्ति के भक्ति.


(पाती के विशेषांक से कविता आ चौरीचौरा डॉट कॉम का सौजन्य से फोटो)

Loading

2 Comments

  1. omprakash amritanshu

    मोती जी जइसन महान साहित्कार के रचना पढ़े के मिलल .
    हिया के हियाव में हलचल बा उठल
    बहुत -बहुत धन्यबाद ओ .पी जी
    गीत कार
    ओ.पी .अमृतांशु

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up