टटको में टटका खबर, 03 अक्टूबर 2014, शुक

by | Oct 4, 2014 | 0 comments

  • पटना गाँधी मैदान मे॓ रावण के पुतला जरवला का बाद कुछ लोग बिजली के तार टूट के गिरे के अफवाह उड‌़ा दिहल जवना से मचल भगदड़ मे॓ ३३ आदमी के जान चल गइल आ पचास लोग घवाहिल हो गइल. सरकार सभका परिवालन के तीन तीन लाख मुआविजा के ऐलान कइले बिया. विपक्ष एह घटना ला बिहार सरकार के लापरवाही के दोषी बतावत बा.
  • दिल्ली के रामलीला मैदान मे॓ पहिले प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह, सोनिया गाँधी आ प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी एके जगह जुटले॓. एह दौरान खी॓चल एगो फोटो मे॓ सोनिया गाँधी नमस्कार का मुद्रा मे॓ नरेन्द्र मोदी का सोझा खड़ा लउकत बाड़ी. ई फोटो सोशल मीडिया पर बहुते देखावल जात बा काहे कि ओह समय मोदी आपन हाथप बन्हले केनियो अउर देखत बाड़ें.
  • शुक का दिने इंचियोन एशियाई खेल के कबड्डी प्रतियोगिता मे भारत के महिला आ पुरुष दुनू टीम आपन आपन फाइनल जीत के दू गो स्वर्ण पदक हथिया लिहल. भारत के अब एगारह गो स्वर्ण पदक हो गइल.
  • पीएम नरेन्द्र मोदी रेडियो से अपना मन के बात देश के जनता से बतियवलन जवना के सगरी रेडियो स्टेशन से सुनावल गइल.
  • पहिला बेर आरएसएस के कवनो कार्यक्रम के लाइव प्रसारण दुरदर्शन प भइल जवना मे॓ संघचालक मोहन भागवत के विजया दशमी का दिने दिहले उद्बोधन देखावल गइल.
  • विजयादशमी के छुट्टी का चलते बहुते कम खबर आइल बा आजु. हमहू एगो श्राद्ध मे॓ आइल बानी जवना चलते पूरा समय दिहल संभव नइखे.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up