- पटना गाँधी मैदान मे॓ रावण के पुतला जरवला का बाद कुछ लोग बिजली के तार टूट के गिरे के अफवाह उड़ा दिहल जवना से मचल भगदड़ मे॓ ३३ आदमी के जान चल गइल आ पचास लोग घवाहिल हो गइल. सरकार सभका परिवालन के तीन तीन लाख मुआविजा के ऐलान कइले बिया. विपक्ष एह घटना ला बिहार सरकार के लापरवाही के दोषी बतावत बा.
- दिल्ली के रामलीला मैदान मे॓ पहिले प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह, सोनिया गाँधी आ प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी एके जगह जुटले॓. एह दौरान खी॓चल एगो फोटो मे॓ सोनिया गाँधी नमस्कार का मुद्रा मे॓ नरेन्द्र मोदी का सोझा खड़ा लउकत बाड़ी. ई फोटो सोशल मीडिया पर बहुते देखावल जात बा काहे कि ओह समय मोदी आपन हाथप बन्हले केनियो अउर देखत बाड़ें.
- शुक का दिने इंचियोन एशियाई खेल के कबड्डी प्रतियोगिता मे भारत के महिला आ पुरुष दुनू टीम आपन आपन फाइनल जीत के दू गो स्वर्ण पदक हथिया लिहल. भारत के अब एगारह गो स्वर्ण पदक हो गइल.
- पीएम नरेन्द्र मोदी रेडियो से अपना मन के बात देश के जनता से बतियवलन जवना के सगरी रेडियो स्टेशन से सुनावल गइल.
- पहिला बेर आरएसएस के कवनो कार्यक्रम के लाइव प्रसारण दुरदर्शन प भइल जवना मे॓ संघचालक मोहन भागवत के विजया दशमी का दिने दिहले उद्बोधन देखावल गइल.
- विजयादशमी के छुट्टी का चलते बहुते कम खबर आइल बा आजु. हमहू एगो श्राद्ध मे॓ आइल बानी जवना चलते पूरा समय दिहल संभव नइखे.
आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं
टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..
0 Comments