– डा0 अशोक द्विवेदी
नेह-छोह रस-पागल बोली
उड़ल गाँव के हँसी-ठिठोली.
घर- घर मंगल बाँटे वाली
कहाँ गइल चिरइन के बोली.
सुधियन में अजिया उभरेली
जतने मयगर, ओतने भोली.
दइब क लीला-दीठि निराली
दुख- सुख खेलें आँख मिचोली.
हिलल पात, पीपर-मन डोलल
पुरुवा रुकल त, पछुवा डोली.
आपन-आपन महता बाटे
का माटी, का चन्नन रोली.
नेह के दरिया ऊहे पँवरी
जे हियरा के बान्हन खोली.
आपन -आनन चीन्हे रस्ता
जे जाई ओकरे सँग हो ली.
0 Comments