उन्हुकर उदासी

by | Apr 6, 2010 | 0 comments

– भगवती प्रसाद द्विवेदी

हमार नाँव सुनिके
बड़ा ललक से
आइल रहले ऊ मिले
बाकिर भेंटात कहीं
कि हो गइले उदास.

शहर के हमरा
खँड़हरनुमा खपड़पोश घर में
नजर ना आइल
दूरदर्शनी एंटिना के मायाजाल
दूर-दूर ले ना लउकल
वी॰सी॰पी॰ के दर्शनीयता
पीए के दिहलीं हम
फ्रिज का जगहा घइला के पानी
आऊ हो गइलें उदास.ना लउकल उन्हुका
ड्राइंग रूम, बेडरूम
आ डाइनिंग रूम के बँटवारा
चिहा के निररेखलन ऊ
पीढ़ा पर बइठिके जीमे, चटाई पर पढ़े
आ चउकी प सूते के हमार आदत
आ हो गइलन ऊ उदास.

देखलन ऊ
लोकगीतन के चुनिन्दा कैसेट
लोककथा के भारी-भरकम संगरह
किताबन के बेसम्हार अम्बार
पत्र-पत्रिकन के बाढ़
आ देखत कहीं
कि फेरु हो गइलन उदास.

जब हम ना रोवलीं
अपना अभाव-बेबसी के रोना
ढेर टकटोरला का बादो
जब ना लउकल हमरा मुँह पर
कलेस के इचिकियो परिछाहीं
त दुखी देखे के आदी
उन्हुकरा आँखिन से एकाएक
ना भइल बरदास ई लखिके
आ रोवे लगलन ऊ खुदे फफकि-फफकि के.


बचपने से साहित्य सर्जना में विशेष अभिरुचि. हिन्दी भोजपुरी में समान अधिकार से अनवरत सृजन आ देश के तमाम प्रतिष्ठित पत्र प्त्रिका में प्रकाशित आ दूरदर्शन के विभिन्न केन्द्रन से प्रसारित.

प्रस्तुत कविता कवि भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के प्रकाशित कविता संग्रह जौ-जौ आगर से

कवि से संपर्क करे खातिर मोबाइल नं 09430600958

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up