मरा गइल माफिया डॉन मुन्ना बजरंगी

by | Jul 9, 2018 | 0 comments


बागपत/लखनऊ 09 जुलाई (वार्ता). उत्तर प्रदेश के बागपत जेल में आजु सोमार का सबेरे माफिया डॉन आ शार्प शूटर प्रेम प्रकाश सिंह उर्फ मुन्ना बजरंगी के गोली मारके मुआ दीहल गइल.
आधिकारिक सूत्र बतावत बाड़ें कि एह मामिला के गंभीरता से लेत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दोषियन पर सख्त कार्रवाई करे के निर्देश देत घटना के मजिस्ट्रेटी जांच करावे के आदेश दिहले बाड़न. जांच बागपत के सिटी मजिस्ट्रेट करीहें. साथही एह मामिला ले के बागपत जेल के ​जेलर, आ डिप्टी जेलर समेत चार गो कर्मचारियन के निलंबित कर दीहल गइल बा.
बागपत के पुलिस अधीक्षक जयप्रकाश बतवलें कि बहुजन समाज पार्टी के नेता आ विधायक रहल लोकेश दीक्षित से रंगदारी मांगे का आरोप में बागपत अदालत में आजु मुन्ना बजरंगी के पेशी होखे वाला रहुवे. आ काल्हु राते ओकरा के झांसी जेल से बागपत ले आइल गइल रहुवे.
बागपत जेल में आजु सबेरे छह बजे एगो साथी कैदी मुन्ना बजरंगी के गोली मार दिहलसि जवना से ओकर मौत ओहिजे हो गइल.
एही बीच लखनऊ में राज्य के पुलिस उपमहानिरीक्षक (कानून एवं व्यवस्था) प्रवीन कुमार बतवले बाड़न कि शुरुआती जांच में हत्या करे में कुख्यात अपराधी सुनील राठी गिरोह के बदमाशन के नाम सामने आइले आइल बा.
जाने जोग बा कि इहे मुन्ना बजरंगी कुख्यात माफिया मुख्तार अंसारी का कहला पर भाजपा नेता कृष्णानंद राय के गोली से भूंज दिहले रहुवे. ऊ मुकदमा आजु ले चलते बा तबले गैंगवार में एकरो हत्या हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up