बागपत/लखनऊ 09 जुलाई (वार्ता). उत्तर प्रदेश के बागपत जेल में आजु सोमार का सबेरे माफिया डॉन आ शार्प शूटर प्रेम प्रकाश सिंह उर्फ मुन्ना बजरंगी के गोली मारके मुआ दीहल गइल.
आधिकारिक सूत्र बतावत बाड़ें कि एह मामिला के गंभीरता से लेत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दोषियन पर सख्त कार्रवाई करे के निर्देश देत घटना के मजिस्ट्रेटी जांच करावे के आदेश दिहले बाड़न. जांच बागपत के सिटी मजिस्ट्रेट करीहें. साथही एह मामिला ले के बागपत जेल के जेलर, आ डिप्टी जेलर समेत चार गो कर्मचारियन के निलंबित कर दीहल गइल बा.
बागपत के पुलिस अधीक्षक जयप्रकाश बतवलें कि बहुजन समाज पार्टी के नेता आ विधायक रहल लोकेश दीक्षित से रंगदारी मांगे का आरोप में बागपत अदालत में आजु मुन्ना बजरंगी के पेशी होखे वाला रहुवे. आ काल्हु राते ओकरा के झांसी जेल से बागपत ले आइल गइल रहुवे.
बागपत जेल में आजु सबेरे छह बजे एगो साथी कैदी मुन्ना बजरंगी के गोली मार दिहलसि जवना से ओकर मौत ओहिजे हो गइल.
एही बीच लखनऊ में राज्य के पुलिस उपमहानिरीक्षक (कानून एवं व्यवस्था) प्रवीन कुमार बतवले बाड़न कि शुरुआती जांच में हत्या करे में कुख्यात अपराधी सुनील राठी गिरोह के बदमाशन के नाम सामने आइले आइल बा.
जाने जोग बा कि इहे मुन्ना बजरंगी कुख्यात माफिया मुख्तार अंसारी का कहला पर भाजपा नेता कृष्णानंद राय के गोली से भूंज दिहले रहुवे. ऊ मुकदमा आजु ले चलते बा तबले गैंगवार में एकरो हत्या हो गइल.
0 Comments