शंका के समाधान ह मानस

by | Feb 2, 2024 | 1 comment

– शिवानंद मिश्र शिकारी

लहलह हरीयर धान ह मानस, चाउर पुरान चिरान ह मानस,
तुलसीजी के थान कहीं कि कामधेनु दुहान ह मानस ।

गुरू बसीठजी के जजमान के सुनर करत बखान ह मानस,
धनुही बान धरेलें ओही रघुबर के गुनगान ह मानस।

बर तर जेकर दलान सोहाला शंकरजी के ज्ञान ह मानस,
पारबतीजी ध्यान से सुनली भगती जुत विज्ञान ह मानस।

उजुबुक के अनबान लागेला बुरबक खाती भसान ह मानस,
नास्तिक मन झवान करेला आन्ही बुनी तुफान ह मानस।

प्रेमी जान परान ह मानस, साधु के मकान ह मानस,
बेद पुरान के गोरस अवटल, भगत के जलपान ह मानस।

शास्त्रन के परमान से भरल ओजन बेपरमान ह मानस,
दुर्जन गोड़ के छान बान्ह ह, सज्जन धन सुकीलान ह मानस।

भारद्वाज अनजान हो पुछले जागबलीक मन चान ह मानस,
लोमशजी मचान इ बन्हले, भुशुण्डी आड़ान ह मानस।

उरगारी अज्ञान मेटावे खातिर पाजल कृपान ह मानस,
राम जन्म स्थान ह मानस, बाल रूप नादान ह मानस।

बगसर जगी, अहील्या शीला तरत जहाँ पाषान ह मानस,
सीया राम मिलान करावत बैदेही बागान ह मानस।

रतन के खदान कहीं की, राम रसायन खान ह मानस,
राम बिबाह के गान बजान ह, सीया सेनुरदान ह मानस।

भिलनी से, मालाह से बन में करत जान पहचान ह मानस,
पैदल करत पयान भरतजी, चित्रकूट नहान ह मानस।

महाराज के मैजली, माटी, गीधराज बलीदान ह मानस,
सीता हरन, मरन मारीच के, जानकी अनुसंधान ह मानस।

हनुमान जी लंका जरले सिंधु तरन अभियान ह मानस,
कुल खानदान समेत मरइले, रावन मटीयामेटान ह मानस।

पतीतन खाति कीरान ह मानस, साधक खाती हेलान ह मानस,
कान खोली के सुनीलऽ साफा, चारो फल खरीहान ह मानस।

रसना छोड़ते विषय वासना, मेटत सकल थकान ह मानस,
चारी गाल चौपाई चर, इ कल्यान निधान ह मानस।

बड़े बड़े बिदवान ना बुझसु अइसन अगम, अमान ह मानस,
गांव-गीरान के अनपढ़ बुझे, अइसन सुगुम, आसान ह मानस।

काम, क्रोध, मद, लोभ, दंभ के रोकेवाला चट्टान ह मानस,
समहुत करऽ शिकारी आजुए, साफा धुरिया उड़ान ह मानस।

  • शिवानंद मिश्र शिकारी
    पुस्तकालयाध्यक्ष, केंद्रीय विद्यालय, इफको, गांधीधाम.

निवासी : छोटका परसउड़ा, भोजपुर, बिहार – 802112
अंतर्राष्ट्रीय कथावाचक लोग जइसे कि श्री राजनजी महाराज, पं गौरांगी गौरीजी इनकर अनेके भजन गवले बाड़ें आ गावते रहेलें. भोजपुरी के लगभग सगरी माथ गायक जइसे कि स्व गायत्री ठाकुर जी, भरत शर्मा आदि इनकर लिखल भजन गवले बाड़ें.

Loading

1 Comment

  1. Anonymous

    बहुत ही सुन्दर,,,

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up