बतकुच्चन २९

by | Oct 3, 2011 | 0 comments

आजु जब बतकुच्चन करे बइठनी त मन सरोकार-सरकार-सरकँवासी से सरकत गझिन आ फाँफर पर आ के अटक गइल. सरोकार-सरकार-सरकँवासी पर पहिले बतिया चुकल बानी आ ओकरा के दोहरवला के कवनो जरुरतो नइखे. बाकिर गझिन आ फाँफर के चरचा समय का हिसाबो से फिट बइठत बा. विपक्षी जब रउरा खातिर गझिन जाल बुनत होखसु, त राजनीतिक सूझबूझ एही में बा कि ओह जाल में कवनो ना कवनो फाँफर खोजि के निकल जाईं. आ एकरा ठीक उलटा इहो कहल जा सकेला कि, रउरा हर गझिन तानाबाना का बावजूद कवनो ना कवनो फाँफर अइसन रहिये जाई जवना से राउर असल चेहरा झलकि जाई.

पिछला दिने अइसने भइल जब सभका के टोपी पहिरावे वाला के एक जने टोपी पहिरावे के नाकाम कोशिश कर दिहलन. बड़ा हल्ला मचल कि देखीं ना फलनवा टोपी ना पहिरलसि. बाकिर अगर जे कहीं उ पहिर लिहले रहितन त उहो लोग थपरी बजाइत कि, देखऽ भाई लोग, फलनवा टोपीओ पहिर लिहलसि. जमाना जे बा नू से कि रउरा के तनिको आराम ना लेबे दी. हर हाल में ऊ रउरा पर बीसे साबित होई. आ राउर हालत ओह चाकर के हो जाई जेकरा हुकुम मिलल होखे कि, खड़ा बाड़ऽ त कोड़ऽ, बइठल बाड़ऽ त चिखूरऽ. अब एह गझिन जिनिगी में फाँफर खोजत आम आदमी कहाँ जाव, का करो.

अब एह बतकुच्चन से अतना साफ त होइये गइल कि गझिन का कहाला आ फाँफर का. गझिन जवन घन होखे, जेहमें से सँसरे के जगहा ना मिले. आ फाँफर मतलब गैप, गझिन हालात में मिलल भा लउकल हर अवसर, मौका के कहल जा सकेला. छान्हि में फाँफर होखो त मूंज कतनो गझिन बिछावल गइल रहो, बरखा के पानी टपकबे करी. एही से कहल गइल बा कि, मजबूत से मजबूत जंजीर ओतने मजबूत होला जतना ओह जंजीर के सबले कमजोर वाली कड़ी. लाख सावधानी का बादो रउरा कवनो फाँफर मे पड़ि के नीचे गिर सकीले आ लाख गझिन हालात में अपना मन में उछाह बनल रहि जावो त कवनो ना कवनो फाँफर मिलिये जाई निकले के. एहसे कबो हार मत मानीं. लागल रहीं फाँफर का तलाश में, आ बुनत रहीं अपना लगन आ मेहनत से सफलता के गझिन प्रयास. कहे के मतलब कि सब कुछ देखे वाला के नजरिया पर बा कि, गझिन भा फाँफर हर हाल में ऊ कइसे सफल बनो. आजु अतने.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up