बतकुच्चन – ५५

by | Apr 13, 2012 | 0 comments


हमरा लागत बा कि जवन हो रहल बा से ना होखे के चाहत रहुवे, जवन कहल सुनल जात बा से ना कहल सुनल चाहत रहुवे. काहें कि एह सबसे दुश्मन के सेतींहे हमनी के कमजोरी भेंटा जात बा. सेंत मेंत में हमनी का आपन कमजोरी दुनिया के देखवले बतवले जात बानी जा. हँ, बात कहत बानी सेना से जुड़ल बातन के आ हमार इहे कहना बा कि जवन भइल से ना होखे चाहत रहुवे. एगो पुरान कहावत ह कि “बिना बोलवले बरुआ बोले, बिना हवा के पीपर डोले.” बे जरूरत ना बोले के चाहीं आ ई बात मीडियो पर लागू होखेला, खाली बतकुच्चन वाला के छोड़ के. काहे कि हम साफ बता के बतकुच्चन करीलें. कवनो डर्टी ट्रिक डिपार्टमेंट के मेंम्बर का तरह ना. सेतींहे के मतलब होला फोकटे में, बिना कवनो दाम लिहले, बिना कवनो आपन मतलब सधले. एह सेतींहा खातिर सेंत मेंत शब्दनो के इस्तेमाल होखेला ठीक ओही तरह जइसे कि चाय वाय में. जइसे वाय के मतलब ना निकले ओही तरह मेंत के ना निकले. बाकिर इहो नइखे कि मेंत भा वाय जइसन शब्द बिना मतलबे जोड़ल रहेला. ऊ अपना पहिले वाला शब्द के अउरी भरियावेला, ओकर मान बढ़ा देला. अब सेतींहे जइसन शब्द होला सितुहा. देखले बानी कबो? सितुहा एक तरह के जीव के उपरी खोल होला जवना के इस्तेमाल चुहानी में, रसोईघर में, चूहादानी में ना, लउकी छीले खातिर होला. एहू पर एगो कहाउत बा कि “कदुआ पर सितुहो चोख!” मुलायम चीझु बतुस पर सितुहा लेखा साधारणो हथियार चोख, धारीदार, हो जाला. भोजपुरी के चोख बंगला के चोख से फरका मतलब राखेला. चक्षु से चोख निकलल बाकिर सितुहा वाला चोख के मतलब धारदार होखला से बा. से आदमी के अतना मुलायमो ना हो जाए के चाहीं कि ओकरा पर सितुहो चोख बन जाव. आपन कमजोरी आपन पीड़ा लुका दबा के राखे के चाहीं. रहिमन निज मन की व्यथा मन ही राखो गोय, सुनी इठलइहें लोग सब, बाँटि न लीहें कोय. अपना मन के दरद केकरा से देखावल जाव. केहू ओकर समाधान त निकाली ना हँ रउरा पर तंज जरूर कस सकेला. आ जब राउर कमजोरी दुश्मन जानी त ओकरा त खुशिए होखी. बाकिर एह पूरा प्रकरण में केकरा के दोष दीं केकर पक्ष लीं से नइखे बुझात. बस फेर एगो भोजपुरी कहाउत याद आवत बा कि “केकर केकर लीहीं नाम, कमरी ओढ़ले सगरी गाँव.” हर पक्ष, चाहे ऊ सेना होखे, सरकार होखे, मीडिया होखे, सभे एहमें ओतने दोषी बा. इहो कहल जाला कि “जेकरा नोहे ना होखी से बखोरी का?” मतलब कि ई हमनी के आजाद व्यवस्था बा जवना चलते हमनी का हर मुद्दा पर खुला में बतिया लेत बानी. पड़ोसी जइसन हालात नइखे हमनी के देश के जहाँ सेना के कहल हर बात कानून जइसन होखेला. बाकिर अतना त जरूर अफसोस बा कि “आपन धियवा नीमन रहीत त बिरान पारीत गारी?” आपन दोष आपन कमी ना रहीत त दोसरा के अतना कहाँ से बेंवत कि ऊ हमनी के दोष लगा दीत, हमनी पर हमला कर दीत. आ जब कवनो राजा अपना सेनापति के लांछित करे में लाग जाव त ओह राज के भगवाने मालिक होखीहें. एहसे बाति एही पर खतम करब कि डर्टी ट्रिक डिपार्टमेंट के छूट्टी पर भेजल जाउ. पिछला दिने जवन खबर अखबार में आइल रहे ओहसे जवना ओर इशारा कइल गइल से सेना करिए ना सके अतना भरोसा जरूर ओकरा पर होखे के चाहीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up