पंचायत बावना में एक पन्ना भोजपुरिओ खातिर

by | Jun 1, 2012 | 1 comment

Bhojpuri Panchayat Patrikaआजुवे इमेल से मिलल लिंक से डाउनलोड कइनी नोएडा से छपल भोजपुरी पंचायत पत्रिका के पहिलका अंक. कवर समेत बावन पन्ना के एह पत्रिका में भोजपुरी में एक पन्ना दिहल गइल बा. बाकिर सब कुछ हिन्दी में, कविता, कहानी, लेख सगरी हिन्दी के. हँ एह पत्रिका से साफ पता लाग जात बा कि भोजपुरी के मौजूदा कर्णधार के के बा, के के हो सकेला. हालांकि एगो चेहरा जरूरे बेजगहा लागल आ ऊ चेहरा ह नीतीश कुमार के. पता ना का सोच के भा कवना मकसद से नीतीश कुमार के फोटो भोजपुरी के रियल हीरो के समूह में शामिल कइल गइल बा. भोजपुरी खातिर नीतीश कुमार के योगदान के जानकारी हमहू पावल चाहब. खैर, चूंकि लगभग पूरा पत्रिका हिंदी में एह से हमरा ढेर ध्यान देबे के जरूरत ना लागल. भोजपुरी पंचायत पत्रिका भोजपुरी के कम भोजपुरी राजनीति के पत्रिका बेसी लागल. गंगा बहल शुरू ना भइली बाकिर नहाए हाथ धोवे के तइयारी पूरा बा. दिल्ली में देश के दिल बसेला. ओहिजा से राजनीति चलावल चमकावल बहुते आसान होला. बाकिर अगर ई पत्रिका भोजपुरीए में रहीत त जरूरे बहुत नीक लागीत. पत्रिका के साज सज्जा, छपाई के गुणवत्ता बहुते बढ़िया बा. देखे लायक होखी कि ई पत्रिका भोजपुरी इलाकन में कब ले आ कइसे चहुँपत बा. भोजपुरी पत्रिका प्रकाशित कइल बहुत खर्चा वाला काम होला आ ओकर खरचो निकालल दूभर होले. बाकिर हिंदी में पत्रिका होखला का चलते एह पत्रिका के विज्ञापन के भरपूर समर्थन मिली एकर उमेद कइल जा सकेला आ उहो लोग एकरा के चाव से पढ़ सकेला जेकरा भोजपुरी बोले समुझे त आवेला बाकिर लिखे पढ़े ना.
एह पत्रिका के संपादक, प्रकाशक, आ मुद्रक कुलदीप कुमार हउवें. पत्रिका के बेसी जानकारी फोन 011-43022731 से लिहल जा सकेला.
रउरो चाहीं त एह पत्रिका के http://www.bhojpuripanchayatlive.com/June-Cover.pdf से डाउनलोड कर सकीलें.

Loading

1 Comment

  1. चंदन कुमार मिश्र

    अच्छा त ना लागी बाकिर हमरा समझ में ई पत्रिका ठीक नइखे। हमरो लगे ईमेल से पहुँचल रहे।

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up