फगुआ के पहरा: डा॰ विमल के काव्य संग्रह

by | Aug 6, 2012 | 0 comments

डा॰ रामरक्षा मिश्र विमल के हालही में प्रकाशित काव्य संग्रह “फगुआ के पहरा” में २७ गो गीत, २२ गो गजल आ ६ गो कविता बाड़ी सँ. डा॰ विमल हिन्दी आ भोजपुरी के साहित्यकार हईं आ मूल रूप से गीतकार हईं. अँजोरिया के सौभाग्य बा कि एहिजो डा॰ विमल के रचना प्रकाशित होत रहेला. फगुआ के पहरा में डा॰ विमल के शुरूआत से ले के आजु तकले के रचनाकाल के प्रतिनिधि रचना दिहल गइल बा जवना से नवही गीतकार के पोढ़ होत देखल जा सकेला.

चूंकि हम समीक्षक ना हईं एहसे एह संग्रह के समीक्षा ना कर के अपना मन के बात कहत बानी. एह संग्रह में कुछ रचना मन के छू लिहलसि त कुछ उपरे उपर निकल गइल. “कइल बदले के जे गलती हवा के रुख बगइचा में / ठेठावल जात बा जाङर उठवना रोज कुछ दिन से” समय के रुख देखावत बा त ” चतुर रहे दुशमन त नीमन बुरबक बेटो बाउर ह” लोकोक्तियन के सुन्दर इस्तेमाल.

गीत आ गजल का बारे में खुद डा॰ विमल मनले बानी कि एहमें शास्त्र मर्यादित फार्मेट के कठिन आग्रह ठीक ना होखी. निबाह ठीक रही बाकिर प्रयोग के राह खुलल रहे के चाहीं.

संग्रह के प्रकाशन बनारस के कला प्रकाशन से भइल बा. जहाँ तहाँ छपाई के गलती सवाद बिगाड़े के काम करत बा. भोजपुरी प्रकाशन के अभाव का चलते भोजपुरी के टाइपिंग आ प्रूफ रीडिंग में गलती रहबे करी आ एहु संग्रह में वइसने भइल बा. किताब के दाम २१० रुपिया राखल गइल बा जवन आजु का जमाना का हिसाब से प्रकाशक भले सही ठहरा देव आम पाठक एह दाम पर किताब खरीदे से कतराई जरूर.

डा॰ रामरक्षा मिश्र के संपर्क सूत्र

डा॰ रामरक्षा मिश्र विमल,
केन्द्रीय विद्यालय बैरकपुर (थल सेना)
कोलकाता 700120
मोबाइल – 09831649817

प्रकाशक के पता

कला प्रकाशन,
बी 33/33-ए-1, न्यू साकेत कालोनी,
बी॰एच॰यू॰, वाराणसी – 5

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up